[the_ad_group id="30365"]

चंद्रयान-3 प्रक्षेपण यान के अनियंत्रित हिस्सा धरती के वातावरण में फेरु लौटल”: ISRO

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

एह साल 14 जुलाई के चंद्रयान-3 अंतरिक्ष यान के निर्धारित कक्षा में सफलतापूर्वक राखे वाला एलवीएम3 एम4 प्रक्षेपण वाहन के ‘क्रायोजेनिक’ ऊपरी हिस्सा बुध के दिने बेकाबू तरीका से फेर से पृथ्वी के वायुमंडल में घुस गइल। भारतीय अंतरिक्ष अनुसंधान संगठन (इसरो) इs जानकारी देले बा। इसरो एगो बयान जारी कs कहलस कि, ‘उत्तर प्रशांत महासागर के ऊपर संभावित प्रभाव बिंदु के अनुमान लगावल गईल बा।’ अंतिम ‘ग्राउंड ट्रैक’ (कवनो ग्रह के सतह पर कवनो विमान भा उपग्रह के प्रक्षेपवक्र से सीधे नीचे के रास्ता) भारत के ऊपर से ना गुजरल।

चंद्रयान-3 के ‘क्रायोजेनिक’ पृथ्वी के वायुमंडल में वापस आ जाला

इसरो कहलस कि इ ‘रॉकेट बॉडी’ एलवीएम-3 एम4 प्रक्षेपण यान के हिस्सा ह। बुधवार के अंतरराष्ट्रीय समय के करीब दुपहरिया 2:42 बजे के आसपास इ फेर से पृथ्वी के वायुमंडल में प्रवेश कईलस। इसरो के कहनाम बा कि रॉकेट के शरीर के फेर से प्रवेश प्रक्षेपण के 124 दिन के भीतर भईल।

ऊपरी चरण भी निष्क्रिय हो गईल

चंद्रयान-3 के प्रक्षेपण के बाद, संयुक्त राष्ट्र आ आईएडीसी द्वारा निर्धारित अंतरिक्ष मलबा कम करे के दिशानिर्देश के अनुसार, अचानक विस्फोट के जोखिम के कम करे खातिर सगरी अवशिष्ट प्रणोदक आ ऊर्जा स्रोत सभ के हटावे खातिर ऊपरी चरण के भी “निष्क्रिय” कइल गइल।

इसरो कहलस कि, अंतरराष्ट्रीय स्तर पs स्वीकृत दिशा-निर्देश के पालन करत ए रॉकेट बॉडी के निष्क्रिय अवुरी मिशन के बाद निपटान एक बेर फेर से भारत के ओर से बाहरी अंतरिक्ष गतिविधि के लंबा समय ले स्थायित्व के कायम राखे के प्रतिबद्धता के दोबारा पुष्टि करता।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]