[the_ad_group id="30365"]

SP ट्रैफिक के एगो कॉल पs थम गइल गोरखपुर: बेमार बच्ची के एम्बुलेंस 6 मिनट में पहुँचवलस अस्पताल, शहर के बनावल गइल ग्रीन कॉरिडोर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर: बुध के देर साँझ अचके शहर के ट्रैफिक थम गइल। पुलिस के रेडियो सेट बाजे लागल। सभे एह सूचना के नोट करे… एगो बच्ची के सांस लेवे में तकलीफ बा।

बेमार बच्ची के लेके नौसढ़ से जिला अस्पताल ले 108 एम्बुलेंस जाई, तत्काल एह रुट के क्लियर करावत ग्रीन कॉरिडोर बनावल जाय। पुलिस के रेडियो सेट पs ई आवाज रहे SP ट्रैफिक डॉ. महेंद्र पॉल सिंह के।

SP ट्रैफिक के आवाज सुनते पूरा महकमा सकता में आ गइल आ तत्काल समूचा शहर के ट्रैफिक रोक दिहल गइल। नौसढ़ से जिला असप्ताल तक के रास्ता खाल 2 मिनट में ग्रीन कॉरिडोर में बदल गइल।

हूटर के आवाज आ 120 पs मीटर के कांटा, 108 एम्बुलेंस बच्ची के लेके अस्पताल मात्र 6 मिनट में पहुंच के एगो रिकॉर्ड बना देलस।

एम्बुलेंस के को-ऑर्डिनेटर के रहे ग्रीन कॉरिडोर के मांग 

एम्बुलेंस के को-ऑर्डिनेटर प्रवीन पांडे ट्रैफिक पुलिस से निहोरा कइले कि एगो एम्बुलेंस जेकर नंबर UP 32 BG 9500 बा, जिला असप्ताल जा रहल बिया।

एमे गोला के अमृता नाव के एगो 6 साल के बच्ची बिया। जवन हार्ट के समस्या से जूझ रहल बिया। ओकर सांस गते-गते रुके लागल बा। ओकरा के प्राथमिक स्वास्थ केंद्र गोला से 108 एम्बुलेंस से जिला अस्पताल खातिर रेफर कs दिहल गइल बा।

समे से पहुंचीं बच्ची तबे बांची जिनगी

उच्च प्राथमिक स्वास्थ केंद्र के डॉक्टर बतवले कि मरीज के हालात बहुते नाजुक बा। तुरन्त जिला असप्ताल लेके जाई, तबे बच्ची के जान बचावल जा सकेला।

एम्बुलेंस नौसढ़ चौराहा पहुँचे आला बिया। किरपा कs के नौसढ़ से जिला असप्ताल के रूट क्लियर करावल जाव।ताकि बच्ची के जल्द से जल्द असप्ताल पहुंचावल जा सके।

पार कइलस 6 चौराहा

आवाज सुनते SP टैफिक एकर सूचना रेडियो पs प्रसारित कs देले। नौसढ़ चौक से जिला असप्ताल तक जाए में रस्ता में 6 गो चौराहा पड़ल, जहां पहिलही से सब तइयारी कs लिहल गइल रहे।

आईटीएमएस से उहवां लगातार एम्बुलेंस के नंबर गुजत रहे आ रोड खाली करावे खातिर ट्रैफिक जवानन के निरदेस दिहल जात रहे।

कुछे मिनट में ई रुट ग्रीन कॉरिडोर में बदल दिहल गइल आ बच्ची के असप्ताल पहुंचा दिहल गइल। फिलहाल बच्ची के जिला असप्ताल में इलाज चल रहल बा।

साभार: दैनिक भास्कर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]