[the_ad_group id="30365"]

IND vs NED T20: पाकिस्तान के पीटला के बाद नीदरलैंड से खेली भारत, जानीं कब आ कहां देखीं मैच

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारतीय टीम टी20 वर्ल्ड कप के अपना दूसरा मुकाबला में बियफे (27 अक्तूबर) के नीदरलैंड के खिलाफ उतरी। ई टूर्नामेंट के 23वां मैच होई। दुनो टीम ऐतिहासिक सिडनी क्रिकेट ग्राउंड प आमने-सामने होई। नीदरलैंड टी20 फॉर्मेट में पहिला बेर भारत के खिलाफ खेली। दुनो टीम दु बेर वनडे में आमने-सामने हो चुकल बा। 2003 आ 2011 वर्ल्ड कप में टीम इंडिया नीदरलैंड के हरवले रहे।

टूर्नामेंट के अपना पहिला मैच में भारत पाकिस्तान के खिलाफ रोमांचक जीत दर्ज कइले रहे। टीम इंडिया पाकिस्तान के चार विकेट से हरवले रहे। एह मैच में विराट कोहली शानदार बल्लेबाजी कइले रहे। गेंदबाजी में अर्शदीप सिंह आ ऑलराउंड हार्दिक पांड्या कमाल कइलें रहे लो। पाकिस्तान के पीटला के बाद टीम इंडिया के नजर नीदरलैंड के खिलाफ बड़ जीत हासिल कइला प होई।

नीदरलैंड के हराके दु बेर फाइनल खेलल भारत

खास बात ई बा कि भारत जब जब विश्व कप में नीदरलैंड के हरवले बा, तब तब टीम इंडिया फाइनल में पहुंचल बिया। 2011 में भारत चैंपियन बनल रहे, जबकि 2003 में उ फाइनल में ऑस्ट्रेलिया से हारल रहे।

आईं जानल जाव मैच के प्रसारण आ ऑनलाइन टेलीकास्ट से जुड़ल सारा जानकारी…

कब बा भारत आ नीदरलैंड के बीच मैच?

भारत आ नीदरलैंड के बीच मुकाबला 27 अक्टूबर माने बियफे के बा।

कहां खेलल जाई भारत आ नीदरलैंड के बीच मैच?

भारत आ नीदरलैंड के बीच मुकाबला सिडनी के सिडनी क्रिकेट ग्राउंड प खेलल जाई।

कब शुरू होई भारत आ नीदरलैंड के मुकाबला?

भारत आ नीदरलैंड के मैच भारतीय समय के मोताबिक दुपहरिया 12:30 बजे से बा। टॉस 12:00 बजे होई।

कवना टीवी चैनल प प्रसारित होई मैच?

टी20 वर्ल्ड कप के प्रसारण के अधिकार स्टार स्पोर्ट्स नेटवर्क के लगे बा। रउआ स्टार स्पोर्ट्स के अलग-अलग चैनलन प हिंदी आ इंग्लिश के अलावे देश के आउर भाषा में कमेंट्री के संगे भारत आ नीदरलैंड के मैच देख सकत बानी।

फोन भा लैपटॉप प कइसे देख सकत बानी लाइव मैच?

एह मैच के लाइव-स्ट्रीमिंग भारत में डिज्नी प्लस हॉटस्टार एप प देखल जा सकत बा। एकरा अलावे रउआ मैच से जुड़ल खबर, लाइव अपडेट्स www.amarujala.com प पढ़ सकत बानी।

फ्री में कइसे देखीं मैच?

डीडी फ्री डिश में एह मैच के प्रसारण डीडी स्पोर्ट्स चैनल प कइल जा रहल बा। डीडी स्पोर्ट्स चैनल खातिर कवनो शुल्क ना देवे के पड़त बा। अइसन में रउआ बिना कवनो पइसा दिहल मैच देख सकत बानी।

दुनो टीमन के संभावित प्लेइंग 11

भारतः रोहित शर्मा (कप्तान), केएल राहुल, विराट कोहली, सूर्यकुमार यादव, हार्दिक पांड्या, दिनेश कार्तिक (विकेटकीपर), अक्षर पटेल, रविचंद्रन अश्विन, भुवनेश्वर कुमार, मोहम्मद शमी, अर्शदीप सिंह।

नीदरलैंडः विक्रमजीत सिंह, मैक्स ओडॉड, बास डी लीड, कॉलिन एकरमैन, टॉम कूपर, स्कॉट एडवर्ड्स (कप्तान और विकेटकीपर), टिम प्रिंगल, लोगान वैन बीक, शारिज अहमद/रोलोफ वैन डेर मर्व, फ्रेड क्लासेन, पॉल वैन मीकेरेन।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]