[the_ad_group id="30365"]

हिजाब पर अड़लें ईरान के राष्ट्रपति, अमेरिकी महिला पत्रकार के इंटरव्यू देहले से कइलें इनकार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

ईरान में हिजाब विवाद एह तरे बढ़ गइल बा कि अब राष्ट्रपति इब्राहिम रईसी सीएनएन के महिला पत्रकारन के न्यूयॉर्क में इंटरव्यू देहले से इनकार कs दिहलें। उनके ओर से शर्त रखल गइल बा कि महिला पत्रकार हिजाब पहनिहें तब्बे रईसी उनसे बातचीत करिहें। महिला पत्रकार एह शर्त पर नाइ मनलें त ई इंटरव्यू भी नाइ भइल।

सीएनएन के चीफ इंटरनेशनल एंकर क्रिस्टियन अमानपोर के संगे ई वाकया भइल। एके ले के सोशल मीडिया में ईरान के आलोचना हो रहल बा। अमानपोर के न्यूयॉर्क में राष्ट्रपति रईसी के संगे इंटरव्यू तय रहल। ऊ पिछले एक सप्ताह से ईरान में चल रहल हिजाब विवाद पर रईसी से चर्चा करे वाली रहली। उ इंटरव्यू खातिर तैयारी कs चुकल रहली, लेकिन एही बीच राष्ट्रपति के सहायक उनके बतवलें कि आप हिजाब पहनीं तब्बे ई इंटरव्यू हो पाई।

एह शर्त पर अमानपोर तैयार नाइ भइली। महिला पत्रकार कहली कि ऊ न्यूयॉर्क में बाड़ी अउरी इहां एह तरह के नियम परंपरा लागू नाइ हो सकsता। आखिरकार राष्ट्रपति इंटरव्यू खातिर नाइ अइलें। एकरे बाद अमानपोर एह घटना के ले के ट्वीट कइलें। उ अपने सामने राष्ट्रपति खातिर रखल गइल खाली फोटो के संगे अपने तस्वीर भी साझा कइलें।

रईसी संयुक्त राष्ट्र महासभा के अधिवेशन में हिस्सा लेवे न्यूयॉर्क आइल रहनें। एही दौरान ई अमेरिकी न्यूज चैनल उनके साक्षात्कार के प्लान बनवले रहनें। बिटिश-ईरान मूल के महिला पत्रकार अमानपोर सिलसिलेवार ट्वीट कs के उक्त वाकया के पूरा जानकारी साझा कइली। उ बतवली कि रईसी के सहायक के हिजाब पहिनले के अनुरोध के हम विनम्रतापूर्वक मना क देहलीं। उनसे कहलीं कि हम न्यूयॉर्क में बानीं, जहवाँ महिला के हिजाब पहिनले चाहे स्कार्फ के लेके कौनो कानून चाहे परंपरा नाइ बा। हम एह शर्त के नाइ मानब। एकरे बाद हम उहां से चल दिहलीं अउरी इंटरव्यू नाइ भइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]