पंचतत्व में विलीन भइले कॉमेडियन राजू श्रीवास्तव, अंतिम यात्रा में लउकल चाहे वालन के भीड़

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 22, 2022

कॉमेडियन राजू श्रीवास्तव कइयन दिन से दिल्ली के एम्स हॉस्पिटल में भर्ती रहस। 10 अगस्त से वेंटिलेटर पs राजू अपना जिंदगी आ मौत के लड़ाई लड़त रहस। बाकिर बुध के सबेरे राजू के फैंस खातिर

Share

कॉमेडियन राजू श्रीवास्तव कइयन दिन से दिल्ली के एम्स हॉस्पिटल में भर्ती रहस। 10 अगस्त से वेंटिलेटर पs राजू अपना जिंदगी आ मौत के लड़ाई लड़त रहस। बाकिर बुध के सबेरे राजू के फैंस खातिर दुखद खबर सामने आइल।

पूरा जज्बा के साथ लड़ला के बादो राजू श्रीवास्तव जिनगी के जंग हार गइले।

राजू के निधन से ना खाली बॉलीवुड बलुक पूरा देश के लोगन के आंख नम बा। मशहूर कॉमेडियन राजू श्रीवास्तव के काल्ह 58 साल के उमिर में दिल्ली के एम्स अस्पताल में निधन हो गइल। आज उनकर पार्थिव शरीर पंचतत्व में विलीन भइल।

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी, कॉमेडियन कपिल शर्मा संगे-संगे सिनेमा जगत से लेके पॉलिटिक्स से जुडल बड़- बड़ हस्ती राजू के निधन पs शोक जतावल। रउआ सभे के बता दीं कि 10 साल में 3 बार एक्टर के एंजियोप्लास्टी हो चुकल रहे। 10 अगस्त lenजिम में वर्कआउट के दौरान राजू के दिल के दौरा पड़ल रहे, जवना के बाद उनका के एम्स में भर्ती करावल गइल रहे। जवना के बाद काल्ह कॉमेडियन के मृत्यु के खबर सोझा आइल।

आज कॉमेडियन के अंतिम संस्कार भइल। राजू श्रीवास्तव के एह अंतिम यात्रा पs लोगन के जमावड़ा नजर आइल। राजू श्रीवास्तव के बेटा आयुष्मान उनका के मुखाग्‍नि देले। श्मशान घाट में परिवार के लोग आ दोस्तन के अलावे उनकर चाहे वालन के भारी भीड़ देखे के मिलल। एह दौरान कॉमेडियन सुनील पाल नजर अइले।

राजू के मौत के खबर अइला के बाद से दिल्ली में बरखा चालू बा। जेपर कॉमेडियन के फैंस के कहनाम बा कि भगवान इंद्र राजू के नम आंखन के संगे विदाई दे रहल बाड़े। अभियो राजू के बहुते फैन एह खबर पs भरोसा नइखे कs पावत लो।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.