आईपीएल 2024 सीजन के सुरुआत हो चुकल बा। लोकसभा चुनाव के कारण भारतीय क्रिकेट कंट्रोल बोर्ड (बीसीसीआई) आईपीएल के 17वां सीजन के पूरा कार्यक्रम जारी ना कइले रहे, बाकिर अब बोर्ड आगे के शेड्यूल जारी कs देले बा। 17वां संस्करण के फाइनल 26 मई के चेन्नई के चेपॉक स्टेडियम में होई, जबकि दूसरका क्वालिफायर मैच 24 मई के एही शहर में खेलल जाई। ओहिजा, अहमदाबाद के नरेंद्र मोदी स्टेडियम में 21 मई के पहिला क्वालिफायर आ 22 मई के एलिमिनेटर मुकाबला खेलल जाई।
बीसीसीआई पहिला चरण खातिर 21 मैचन के कार्यक्रम घोषित कइले रहे, जवना के पहिला मैच 22 मार्च के खेलल गइल। आईपीएल 2024 के पहिला फेज के अंतिम मुकाबला सात अप्रिल के खेल जाये के बा। एह बीच बोर्ड आगे के शेड्यूल जारी कs देले बा। आईपीएल 2024 में सामिल 10 टीमन के दुगो ग्रुप में बांटल गइल बा। ग्रुप ए में मुंबई इंडियंस, कोलकाता नाइट राइडर्स, राजस्थान रॉयल्स, दिल्ली कैपिटल्स आ लखनऊ सुपर जाएंट्स सामिल बा, जबकि ग्रुप बी में चेन्नई सुपर किंग्स, सनराइजर्स हैदराबाद, रॉयल चैलेंजर्स बेंगलुरु, पंजाब किंग्स आ गुजरात टाइटंस सामिल बा। दुनो ग्रुप के सब टीमन के बीच एक-एक मैच खेलल जा चुकल बा।
The wait is finally over! 😍
Here’s the complete TATA #IPL2024 schedule! Mark your calendars 📅 and don’t miss out on the non-stop cricket excitement 🔥
Tune-in to #IPLOnStar, LIVE, Only on Star Sports pic.twitter.com/9XopOFs6ir
— Star Sports (@StarSportsIndia) March 25, 2024






