Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

GT vs MI: 673 दिन बाद Bumrah के मुंबई के जर्सी में दमदार वापसी, तीन विकेट लेके तुरलें लसिथ मलिंगा के रिकॉर्ड

1,459

आईपीएल 2024 के पांचवां मैच में गुजरात टाइटन्स आ मुंबई इंडियंस के भिडंत भइल। टॉस जीतके मुंबई इंडियंस पहिले गेंदबाजी करे के फैसला कइलस। 673 दिन बाद मुंबई इंडियंस के जर्सी में वापसी करत जसप्रीत बुमराह कहर बरपवलें। बुमराह चार ओवर में तीन विकेट चटकवलें।

जसप्रीत बुमराह चोट के वजह से आईपीएल 2023 के पूरा सीजन से बाहर हो गइल रहस। ऊ आयरलैंड के खिलाफ टी-20 सीरीज से अंतरराष्ट्रीय क्रिकेट में वापसी कइले रास। ओकरा बाद से ऊ टीम इंडिया खातिर लगातार क्रिकेट खेलत रहलें। वनडे वर्ल्डकप में ऊ दमदार गेंदबाजी कइले रहस।

घातक यॉर्कर पs लेलें विकेट

अब ओहि फॉर्म के ऊ आईपीएल में बरकरार रखले बाड़ें। जसप्रीत बुमराह 673 दिन बाद मुंबई इंडियंस के जर्सी पहिनतही अपना धारदार गेंदबाजी से गुजरात टाइटन्स के खेमा में खलबली मचा देलें। रिद्धिमान साहा के गजब के यार्कर बॉल पs क्लीन बोल्ड कs के अपना वापसी के ऊ डंका बजवलें।

4 ओवर में चटकवलें तीन विकेट

एकरा बाद डेविड मिलर के कप्तान हार्दिक पांड्या के हाथन कैच आउट करा के जीटी के टीम के बड़ झटका देलें। ओहिजा, सेट बल्लेबाज साई सुदर्शन के 45 के स्कोर पs तिलक वर्मा के हाथों कैच आउट करववलें। बुमराह चार ओवर में 13 रन खर्च करत तीन विकेट चटकवले। एह दौरान बुमराह के ईकोनॉमी 3.50 के रहल।

बुमराह तीन विकेट हासिल कs के मलिंगा के पीछे छोड़ देलें। आईपीएल में ई 20वां मवका रहे, जब बुमराह कवनो एक मैच में तीन विकेट लेवे के कमाल कइलें। बुमराह मलिंगा के संगे-संगे युजवेंद्र चहल के पीछे छोड़ देलें। मलिंगा आ चहल आईपीएल के एगो मैच में तीन विकेट लेवे के कमाल 19-19 बेर कइले बा लो।

IPL में सबसे जादे बेर एक मैच में तीन विकेट लेवे वाला गेंदबाज

  • 20 – जसप्रीत बुमराह
  • 19 – लसिथ मलिंगा
  • 19 – युजवेंद्र चहल
  • 17 – अमित मिश्रा
  • 16 – ड्वेन ब्रावो
  • 16 – उमेश यादव
  • 16 – राशिद खान

MI खातिर सबसे ज्यादा विकेट

  • 170 – लसिथ मलिंगा
  • 151- जसप्रीत बुमराह
  • 147 – हरभजन सिंह
  • 79 – कीरोन पोलार्ड
  • 71 – मिचेल मैक्लेघन
  • 51- क्रुणाल पांड्या

बुमराह ने पूरा कइलें 150 विकेट

बुमराह एह मैच में तीन विकेट लेके मुंबई खातिर अपना विकेट के आंकड़ा के 150 के पार पहुंचा देलें। ऊ अइसन करे वाला एह टीम के दूसरका गेंदबाज बनलें। मुंबई खातिर एकरा पहिले मलिंगा 150 विकेट के आंकड़ा पार कइले रहस।

774330cookie-checkGT vs MI: 673 दिन बाद Bumrah के मुंबई के जर्सी में दमदार वापसी, तीन विकेट लेके तुरलें लसिथ मलिंगा के रिकॉर्ड

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.