[the_ad_group id="30365"]

IPL 2022 DC vs RCB : रोमांचक होखे वाला बा दिल्ली अउर बैंगलोर के बीच होखे वाला ई मैच

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

इंडियन प्रीमियर लीग के 27वें मैच में दिल्ली के टीम के सामना रायल चैलेंजर्स बैंगलोर से होई। दिल्ली के टीम जहवाँ पिछला मुकाबला में कोलकाता के हरा के इहवां पहुंचल बा त उहवें बैंगलोर के पिछला मैच में चेन्नई सुपर किंग्स से हार के सामना करे के पड़ल रहल। बैंगलोर के टीम 5 मैच में से 3 जीत दर्ज कs के प्वाइंट्स टेबल में छठवे नंबर पर बा जबकि दिल्ली अब ले केवल 4 मैच खेलले बा अउर 2 में जीत दर्ज कइले बा।

वार्नर के अइले के बाद पृथ्वी शा रंग में नजर आ रहल बाने अउर दिल्ली के ओपनिंग जोड़ी के समस्या पूरा तरह से खतम हो गइल बा। उहवें दुसरका ओर कप्तान फाफ डु प्लेसिस अपने टीम के अच्छा शुरुआत दियवले के कोशिश करिहें। दिल्ली के टीम में आनरिक नोकिया के वापसी हो सकत बा। अगर आपो पंत अउर विराट कोहली के बीच एह मुकाबला के आनंद लेहल चाहत बानी त दिल्ली कैपिटल्स अउर बैंगलोर के बीच ई मैच साँझ 7.30 बजे शुरू होई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]