Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

IPL में आजु लखनऊ के सामने होई बेंगलुरु, बाटे काँटा के टक्कर

डीवाई पाटिल स्टेडियम में RCB 5 में से 3 मैच हरलस, बेंगलुरु के खिलाफ पिछिला 5 पारी में राहुल के औसत 183

140

IPL 2022 अब अपने बीच दौर में पहुंच गइल बा। टूर्नामेंट के 31वां मुकाबला लखनऊ सुपर जायंट्स अउर रॉयल चैलेंजर्स बेंगलुरु के बीच मुंबई के डीवाई पाटिल स्टेडियम में खेलल जाई। दूनों टीम टॉप-4 में बनल बा अउर बढ़िया लय में नजर आ रहल बा। एक ओर नई नवेली लखनऊ के टीम बा, जौन अब ले 6 में से 4 मैच जीत चुकल बा अउर दुसरका ओर IPL के सबसे चर्चित टीम RCB बा, जौन अपने 6 में से चार मैच में जीत हासिल कइले बा।

डीवाई पाटिल में RCB के रिकॉर्ड खराब

डीवाई पाटिल स्टेडियम में बेंगलुरु कुल 5 IPL मैच खेलले बा। एमें से टीम के 3 में हार अउर केवल 2 में जीत मिलल। उहवें, लखनऊ के टीम एह मैदान पर दू मैच खेलले बा अउर दूनों बेर जीत हासिल कइले बा।

शानदार फॉर्म में बाने राहुल

मुंबई के खिलाफ पिछले मैच में LSG के कप्तान केएल राहुल नाबाद 103 रन के पारी खेलके अपने शानदार फॉर्म के नमूना पेश कइले रहने। एह सीजन में भी राहुल 47 के औसत से 235 रन बना चुकल बाने। 2013 में RCB से अपने IPL करियर के आगाज करे वाला केएल के बल्ला बेंगलुरु के खिलाफ जमकर रन उगलेला।

RCB के खिलाफ ई 11 पारी में 83.50 के औसत से 501 रन बनवले बाने। खास बात ई बा कि बेंगलुरु के खिलाफ पिछिला 5 पारी में 3 बेर 50+ के स्कोर बनवले बाने, जेमें एगो शतकओ शामिल बा।

फोकस कोहली नाइ कार्तिक पर

एह सीजन RCB फैंस के नजर विराट कोहली पर नाइ, बल्कि दिनेश कार्तिक पर टिकल बा। मौजूदा टूर्नामेंट में कार्तिक के बल्ला लगातार आग उगल रहल बा। अब ले 6 पारी में वे 5 बेर ऊ Not Out रहल बाने अउर 197 के औसत से 197 रन बनवले बाने। पिछले मैच में DK दिल्ली के खिलाफ 5 चौका अउर 5 छक्का के मदद से 66 रन के विस्फोटक पारी खेलले रहने।

एह समय पूरा आरसीबी के टीम निचला क्रम पs सिर्फ दिनेश कार्तिक पर डिपेंडेंट बा। ओइसे कोहली के बात कइल जाए, त उनके बल्ला के मानो जंग लग गइल बा। बेंगलुरु के पूर्व कप्तान 6 मैचों में 23.80 के औसत से कुल 119 रन बनवले बाने। 6 पारी में ऊ दू बेर रन आउटो हो चुकल बाने।

243340cookie-checkIPL में आजु लखनऊ के सामने होई बेंगलुरु, बाटे काँटा के टक्कर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.