[the_ad_group id="30365"]

IPL पर सबसे बड़ खबर:दिल्ली अउर पंजाब के मैच पुणे के जगह मुंबई में होई

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

IPL में कोरोना के एंट्री के बाद मंगलवार के बड़ फैसला लेहल गइल बा। दिल्ली कैपिटल्स अउर पंजाब किंग्स के बीचे बिहान यानी बुधवार के होखे वाला मैच पुणे में नाइ खेलल जाई। अब ई मैच मुंबई में होई, जहां दिल्ली कैपिटल्स के टीम क्वारैंटाइन बा। दिल्ली के ऑलराउंडर मिचेल मार्श अउर दू स्टाफ मेंबर्स के पॉजिटिव अइले के बाद ई फैसला लेहल गइल बा।

सूत्र के मुताबिक दिल्ली के सब खिलाड़ियन के कोरोना टेस्ट मंगलवार सुबह करीब 9 बजे भइल बा। एकर रिपोर्ट अभिन आइल नाइ बा। एही बीचे खिलाड़ियन के सुरक्षा के देख के गवर्निंग बॉडी मैच के वेन्यू बदलले के फैसला कइले बा।

दिल्ली के पूरा टीम अभिन मुंबई में बा क्वारैंटाइन

16 अप्रैल के रॉयल चैलेंजर्स के खिलाफ मैच से पहिले भइल कोरोना टेस्ट में दिल्ली टीम के फिजियो पैट्रिक फराहर्ट के रिपोर्ट पॉजिटिव आइल रहल। एकरे बाद सब खिलाड़ियन के कोरोना टेस्ट लगातार कइल जा रहल बा। उहवें, सोमवार के दिल्ली के खिलाड़ी मिचेल मार्श के एंटीजन टेस्ट पॉजिटिव आइल, जेकरे बाद उनकर सोमवार के ही दू बेर RTPCR टेस्ट भइल।

पहिला रिपोर्ट निगेटिव आइल रहल, दूसरका रिपोर्ट फिर पॉजिटिव आइल। जौने के बाद देर रात उनके अस्पताल में एडमिट करावल गइल। मार्श के अलावा दिल्ली टीम के एगो डॉक्टर, 1 सोशल मीडिया टीम के मेंबर अउर 3 होटल स्टाफ के सदस्यओ कोरोना संक्रमित हो गइल बाने। संक्रमण के चलते पूरा टीम के क्वारैंटाइन कइल गइल बा।

12 खिलाड़ी निगेटिव होखले पर ही मैच होई

दिल्ली कैपिटल्स के सूत्र के मुताबिक, पंजाब के खिलाफ मैच तब्बे होई, जब दिल्ली टीम के कम से कम 12 खिलाड़ियन के कोरोना रिपोर्ट निगेटिव आई। तब्बे ई खिलाड़ी सब मुंबई से पुणे खातिर रवाना होइहें। अगर पॉजिटिव रिपोर्ट आवत बा, त मैच के री शेड्यूल कइल जाई।

साभार – दैनिक भास्कर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]