Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

आखिरी ओवर में जीतल राजस्थान रॉयल्स:रोमांचक मुकाबिला में KKR को 7 रन से हरवलस

युजवेंद्र चहल हैट्रिक सहित झटकने 5 विकेट

163

IPL 2022 के 30वें मैच में राजस्थान रोमांचक जीत दर्ज करत कोलकाता के 7 रन से हरा देहलस। KKR के सामने 218 रन के टारगेट रहल, जेकरे जवाब में टीम 210 रन बना पवलस अउर मैच हार गइल। KKR खातिर कप्तान श्रेयस अय्यर (85) टॉप स्कोरर रहने। उहवें, RR के ओर से युजवेंद्र चहल 5 विकेट चटकवने अउर शानदार हैट्रिक लेहने।

KKR अपने पिछला तीन मुकाबिला हार चुकल बा। IPL 2022 में श्रेयस के टीम अबले 7 मैच खेलले बा जेमे 3 में टीम के जीत मिलल बा। उहवें, 4 मुकाबला में ओनके हार के सामना करे के पड़ल बा। राजस्थान के टीम 6 मैच में 4 मुकाबिला जीत चुकल बा। उहवें, दू में टीम के हार के सामना करे के पड़ल बा। KKR एह हार के बाद पॉइंट टेबल में छठवे त उहवें, राजस्थान के टीम दूसरे स्थान पर पहुंच गइल बा।

एहसे पहिले टॉस हार के बैटिंग करत RR 20 ओवर में 5 विकेट के नुकसान पर 217 के स्कोर बनवले रहल। जोस बटलर सबसे ढेर 103 रन के पारी खेललें। एह सीजन ई उनकर दूसरा शतक रहल। KKR के ओर से सुनील नरेन के 2 विकेट मिलल।

राजस्थान रॉयल्स खातिर युजवेंद्र चहल मैच में कमाल के गेंदबाजी करत 5 विकेट झटकने| ऊ KKR के पारी के 17वें ओवर में 4 विकेट लेहने अउर हैट्रिक अपने नामें कइले। एह ओवर में चहल के दू बेर हैट्रिक लेहले के मौका मिलल रहल। चहल के खाता में कमिंस, शिवम मावी, श्रेयस अय्यर, पैट कमिंस के विकेट आइल। विकेट लेहले के बाद चहल कमाल के जश्न मनवने।

  • एह सीजन हैट्रिक लेवे वाला पहिला गेंदबाज बनने चहल।
  • चहल IPL में हैट्रिक लेवे वाला 21वां खिलाड़ी बनने।
  • चहल (5/40) के IPL में ई उनकटी सबसे बढ़िया प्रदर्शन बा।
  • IPL 2022 में युजवेंद्र 6 मैच में 17 विकेट ले चुकल बाने।
243100cookie-checkआखिरी ओवर में जीतल राजस्थान रॉयल्स:रोमांचक मुकाबिला में KKR को 7 रन से हरवलस

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.