[the_ad_group id="30365"]

कोरोना से लड़ रहल दिल्ली पंजाब के हरवलस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

IPL के 32वें मुकाबला में दिल्ली पंजाब के 9 विकेट से हरा देहले बा। पंजाब के टीम दिल्ली के 116 रन के टारगेट देहले रहल। जेके DC 10.3 ओवर में चेज कs लेहलस। दिल्ली खातिर डेविड वार्नर  200 के स्ट्राइक रेट से 60 रन बनवने।

उहवें, पृथ्वी शॉ ने मैच में ताबड़तोड़ बल्लेबाजी कइने अउर सिर्फ 20 गेंद में 41 रन बना देहने। दूनों पंजाब के मैच में वापसी के मौके नाइ देहले। एह जीत के संगे दिल्ली 6वें स्थान पर पहुंच गइल बा। उहवें, पंजाब 8वें स्थान पर बा।

मैच शुरू होखले से पहिले दिल्ली खातिर एगो बुरा खबर आइल रहल। विकेटकीपर बैटर टिम शिफर्ट कोरोना पॉजिटिव मिलल रहने। मैच के साढ़े 3 घंटे पहिले शिफर्ट के पॉजिटिव होखले के रिपोर्ट आइल। एसे पहिले दिल्ली के ऑलराउंडर मिचेल मार्श पॉजिटिव हो के डॉक्टर्स के निगरानी में बाने। दिल्ली टीम में संक्रमितों की संख्या बढ़ के 6 हो गइल बा। एमें दू खिलाड़ियन के अलावा बाकी सपोर्ट स्टाफ बा। एकरे बावजूदो दिल्ली कमाल के खेल देखवलस अउर शानदार जीत दर्ज कइलें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]