Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

iPhone 5G: रउआ आईफोन में अब ले नाइ मिलल एयरटेल-जियो 5G नेटवर्क? अइसे करीं एक्टिवेट

2,528

एपल भारत में आईओएस 16.2 के संगे आईफोन्स खातिर 5G नेटवर्क के सपोर्ट जारी कs दिहले बा। आईफोन यूजर्स जेकरे लग्गे जियो अउर एयरटेल के कनेक्शन बा, ऊ 13 दिसंबर के रात 11:30 बजे से 5G नेटवर्क के इस्तेमाल कs सकsता। एकरे बाद जियो भी आईफोन खातिर 5जी सर्विस जारी कs दिहले बा। जियो आईफोन 12 अउर एकरे बाद के सब मॉडल्स के संगे वेलकम ऑफर्स के तहत फ्री अनलिमिटेड डाटा के लाभ देहले के घोषणा कइले बा।

दरअसल, एपल हालही में आईओएस 16.2 रिलीज कइलें, जेकरे संगे कंपनी घोषणा कइलें कि भारत में आईफोन यूजर्स लोग ओ क्षेत्र में 5जी नेटवर्क के लाभ उठा सकब जहां एकर कवरेज उपलब्ध बा। 2020 चाहे ओकरे बाद लॉन्च कइल गइल सब आईफोन पर 5G के इस्तेमाल कइल जा सकी। जदि आपके लग्गे आईफोन 12 चाहे एकरे बाद के कौनो मॉडल ह त आप 5जी सर्विस के लाभ ले सकतनीं।

एह आईफोन्स में मिली Jio True 5G

एपल के आईफोन 12 अउर एकरे बाद के सब वेरियंट में हाई स्पीड नेटवर्क यानी 5जी सर्विस के इस्तेमाल कइल जा सकsता। एह डिवाइस में iPhone SE (2022), iPhone 12 mini, iPhone 12 Pro, iPhone 12, iPhone 12 Pro Max, iPhone 13 mini,iPhone 13, iPhone 13 Pro Max, iPhone 13 Pro, iPhone 14 Pro Plus, iPhone 14 Pro, iPhone 14 Plus, iPhone 14 में शामिल बा।

अइसे एक्टिवेट करीं 5G नेटवर्क

यदि आप जियो चाहे एयरटेल के यूजर्स बानीं अउर आपके शहर चाहे कस्बा में 5जी रोलआउट हो गइल बा तब्बे रउआ 5G के इस्तेमाल कs सकब। 5G इनेवल करे खातिर आप के अपने आईफोन के सेटिंग्स में जाए के बा अउर इहां से जनरल सेटिंग में जाईं, अब इहां से सॉफ्टवेयर अपडेट पर टैप करे अउर यदि आपके आईफोन खातिर iOS 16.2 अपडेट जारी हो गइल होई त आप के डाउनलोड के ऑप्शन दिखी।

सब टर्म्स अउर कंडीशन्स के देखले के बाद आप अपने आईफोन में अपडेट के डाउनलोड अउर इंस्टॉल कर लेईं। नयका अपडेट के बाद आपके एगो नया 5G स्टेटस आइकन मिली। अगर आपके अभीनो 5G स्टेटस नाइ दिख रहल बा त आपको फोन के सेटिंग्स में से सिम सेटिंग में जा के 5G नेटवर्क के इनेबल कs लेवे के बा। एकरे बाद आप आईफोन में 5G इंटरनेट के इस्तेमाल कर सकब।

419350cookie-checkiPhone 5G: रउआ आईफोन में अब ले नाइ मिलल एयरटेल-जियो 5G नेटवर्क? अइसे करीं एक्टिवेट

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.