Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

रियलमी लॉन्च कइलस एगो अउर किफायती फोन, 50MP कैमरा अउर शानदार डिस्प्ले मिली, जानीं कीमत

2,326

स्मार्टफोन ब्रांड रियलमी अपने नंबर सीरीज 10 में विस्तार करत एगो अउर नयका फोन Realme 10s लॉन्च कs दिहले बा। एह फोन के सबसे पहिले घरेलू मार्केट में लॉन्च कइल गइल बा। रियलमी 10एस में 50 मेगापिक्सल के प्राइमरी कैमरा अउर 5000 एमएएच के बैटरी के सपोर्ट मिलsता। फोन में 8 जीबी रैम के साथ 256 जीबी तक के स्टोरेज दीहल गइल बा। बता देईं कि रियलमी 10 सीरीज के तहत हालही में भारत में रियलमी 10 प्रो प्लस अउर रियलमी 10 प्रो के लॉन्च कइल गइल बा।

Realme 10s के कीमत

रियलमी 10एस के स्ट्रीमर ब्लू अउर क्रिस्टल ब्लैक कलर ऑप्शन में पेश कइल गइल बा। फोन दू स्टोरेज ऑप्शन में आवsता, जेमें 8 जीबी रैम के संगे 128 जीबी स्टोरेज के कीमत 1099 चीनी युआन यानी करीब 13,079 रुपया अउर 8 जीबी रैम के संगे 256 जीबी स्टोरेज के कीमत 1299 चीनी युआन यानी करीब 15,397 रुपया रखल गइल बा।

Realme 10s के खासियत

रियलमी 10एस में 6.6 इंच के एचडी प्लस आईपीएस एलसीडी डिस्प्ले के सपोर्ट बा। डिस्प्ले के साथ 1080 x 2408 पिक्सल रिजॉल्यूशन, 90 हर्ट्ज डिस्प्ले अउर 400 निट्स के ब्राइटनेस के सपोर्ट मिलsता। फोन के संगे एंड्रॉयड 12 रियलमी यूआई 3.0 मिलsता। फोन में मीडियाटेक डाइमेंसिटी 810 प्रोसेसर अउर 8 जीबी के रैम मिलsता। फोन के संगे 256 जीबी ले के स्टोरेज मिलsला। स्टोरेज के माइक्रो एसडी कार्ड के मदद से बढ़ावल जा सकsता।

Realme 10s के कैमरा अउर बैटरी

फोन के कैमरा सपोर्ट के बात कइल जाव त एकरे संगे डुअल रियर कैमरा सेटअप मिलsता। फोन में 50 मेगापिक्सल के प्राइमरी कैमरा अउर 2 मेगापिक्सल के डेप्थ कैमरा मिलsता। फोन में सेल्फी खातिर 8 मेगापिक्सल के फ्रंट कैमरा मिलsता। रियलमी 10एस के संगे 5000 एमएएच के बैटरी अउर 33 वाट के फास्ट चार्जिंग सपोर्ट मिलsता। कनेक्टिविटी खातिर फोन में वाई-फाई 802.1एसी, ब्लूटूथ 5.2, जीपीएस, यूएसबी टाइप-सी पोर्ट अउर 3.5 एमएम ऑडियो जैक के सपोर्ट बा।

412360cookie-checkरियलमी लॉन्च कइलस एगो अउर किफायती फोन, 50MP कैमरा अउर शानदार डिस्प्ले मिली, जानीं कीमत

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.