Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Vivo के धमाका! 5000mAh बैटरी के संगे लॉन्च कइलस सस्ता 5G स्मार्टफोन, कीमत बा बस एतना

Vivo अपना एगो बजट 5G स्मार्टफोन के लॉन्च कs देले बा। एजर नाव कंपनी Vivo Y35m रखले बा। एह फोन में 5000mAh के बैटरी दिहल गइल बा। एकरा अलावे ई HD+ डिस्प्ले के संगे आवेला।

2,085

Vivo नया साल पs एगो सस्ता फोन लॉन्च कइले बा। Vivo के ई एंट्री लेवल 5G फोन हs। एह फोन में HD+ स्क्रीन दिहल गइल बा। ई फोन Dimensity 700 चिपसेट के संगे आवेला। एकरा अलावे फोन के बैक पs डुअल कैमरा सेटअप आ बड़ बैटरी दिहल गइल बा। इहवां एकर पूरा डिटेल्स बतावल जा रहल बा….

Vivo Y35m के स्पेसिफिकेशन्स आ फीचर्स

Vivo Y35m में 6.51-इंच के IPS LCD वॉटरड्रॉप नॉच डिस्प्ले दिहल गइल बा। एमें HD+ रेज्योलूशन 720×1600 पिक्सल के संगे दिहल गइल बा। एह फोन में 60Hz के रिफ्रेश रेट दिहल गइल बा। फोटोग्राफी के बात कइल जाव तs एकरा खातिर रियर में डुअल कैमरा सेटअप दिहल गइल बा।

एकरा बैक पs 13-मेगापिक्सल के प्राइमरी कैमरा दिहल गइल बा। एकरा संगही2-मेगापिक्सल के डेप्थ सेंसर दिहल गइल बा। फोन के बैक पs LED फ्लैशो दिहल गइल बा। सेल्फी आ वीडियो कॉल खातिर एकरा फ्रंट में 5-मेगापिक्सल के कैमरा दिहल गइल बा।

Vivo Y35m में Dimensity 700 चिपसेट दिहल गइल बा। एह फोन में 4GB, 6GB आ 8GB रैम वैरिएंट्स दिहल गइल बा। तीनों मॉडल्स में 128GB के स्टोरेज दिहल गइल बा।. ई स्मार्टफोन Android 13 बेस्ड OriginOS Ocean के संगे आवेला।

Vivo Y35m में 5,000mAh के बैटरी 15W चार्जिंग सपोर्ट के संगे दिहल गइल बा। एमे डुअल सिम 5G, Wi-Fi 802.11ac, Bluetooth 5.2, GPS, एगो USB-C पोर्ट आ एगो 3.5mm ऑडियो जैक दिहल गइल बा। एकरा साइड में फिंगरप्रिंट स्कैनर दिहल गइल बा।

Vivo Y35m के कीमत आ उपलब्धता

जइसन की ऊपर बतावल गइल बा कि Vivo Y35m के तीन रैम वैरिएंट्स में पेश कइल गइल बा। एकर बेस मॉडल में 4GB रैम के संगे 128GB के इंटरनल मेमोरी दिहल गइल बा। जबकि 6GB रैम आ 8GB रैम वाला वैरिएंट्स में 128GB के इंटरनल मेमोरी दिहल गइल बा।

एह फोन के फिलहाल चीन में लॉन्च कइल गइल बा। एकर कीमत 1,399 युआन (लगभग 16 हजार रुपये) से सुरू होला। एकरा के स्टार ऑरेंज आ Starry Night Black शेड्स में पेश कइल गइल बा। भारत में एकर उपलब्धता पs फिलहाल कवनो जानकारी नइखे दिहल गइल।

430230cookie-checkVivo के धमाका! 5000mAh बैटरी के संगे लॉन्च कइलस सस्ता 5G स्मार्टफोन, कीमत बा बस एतना

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.