[the_ad_group id="30365"]

Internet: खाली दु साल में खत्म हो जाइ इंटरनेट? जानि का बा एकर वजह आ दुनियाभर में काहे छिड़ल बहस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

Solar Storm Internet: : इंटरनेट वर्तमान में जनता के जरूरत बन गईल बा। अधिकतर काम खातिर लोग इंटरनेट के इस्तेमाल कs रहल बा। एकरा चलते दुनिया में इंटरनेट यूजर के संख्या लगातार बढ़ रहल बा। दूरसंचार, इलेक्ट्रॉनिक्स आ सूचना प्रौद्योगिकी मंत्री अश्विनी वैष्णव बतवले कि एह घरी भारत में 80 करोड़ से अधिका लोग इंटरनेट के इस्तेमाल कs रहल बा।

का रउवा कबो सोचले बानी कि इंटरनेट खतम हो सकेला? अनुमान लगावल गइल बा कि साल 2025 में सौर तूफान के चलते इंटरनेट खतम हो सकेला। असल में साल 2025 में सूर्य अपना सौर चक्र के चरम पs पहुँच जाई। एह दौरान एगो विनाशकारी सौर तूफान पृथ्वी से टकरा सके ला जेकरा चलते इंटरनेट के नुकसान हो सके ला। आजकल सोशल मीडिया पs एह बारे में बहुत चर्चा हो रहल बा आ एकरा खातिर लोग इंटरनेट एपोकैलिप्स जइसन शब्दन के इस्तेमाल कs रहल बा। जान लीं कि आखिर पूरा बात का बा?

अमेरिकी अंतरिक्ष एजेंसी नासा एह अफवाहन के बारे में लगातार जानकारी देत ​​बिया। सूर्य के सौर चक्र कवनो नया बात नइखे। साल 1755 से सूर्य के चक्र के रिकार्ड रखल जा रहल बा आ तब से ई 25 बेर भइल बा। लेकिन विशेषज्ञ चिंतित बाड़े, काहेंकी वर्तमान चक्र सामान्य से बहुत तेज बा। अनुमान से अधिका सूरज के सनस्पॉट आ विस्फोटविस्फोट नजर आइल बा।

साल 2025 में सौर तूफान के चलते इंटरनेट के खतम होखे के संभावना पs नासा के ओर से कवनो टिप्पणी नईखे भईल। बाकिर ई बहस अचानक काहे शुरू हो गइल बा? का ई खाली एगो फंतासी ह? वाशिंगटन पोस्ट के रिपोर्ट के मुताबिक इ संभावना पूरा तरीका से काल्पनिक नईखे। धरती पs आवे वाला सौर तूफान के चलते इंटरनेट पs बहुत असर पड़ सकता।

कैलिफोर्निया के कंप्यूटर साइंस विश्वविद्यालय के प्रोफेसर संगीता अब्दु ज्योति के कहनाम बा कि वर्तमान में दुनिया इंटरनेट से जुड़ल बा। एहसे पहिले कबो अइसन चरम सौर तूफान के अनुभव ना भइल रहे आ ई पता नइखे कि एकर असर बुनियादी ढांचा पs का आ कइसे पड़ी।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]