[the_ad_group id="30365"]

मशरक प्रखंड कार्यालय सभागार में प्रखंड कर्मी आ अंचल कर्मियन के विदाई सह सम्मान समारोह भइल अयोजित

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मशरक (सारण)/धर्मेंद्र कुमार सिंह: मशरक प्रखंड कार्यालय परिसर के मनरेगा सभागार में सनीचर के मशरक बीडीयो मो० आसिफ के अध्यक्षता में अंचल आ प्रखंड के लगभग 35 कर्मियन के तबादला होखला के बाद विदाई सह सम्मान समारोह आयोजित कs के सब कर्मियन के फूल माला पहिना के अंग वस्त्र देके कइल गइल सम्मानित।

एह अवसर पs बीडीयो मो० आसिफ कहलें की सरकारी सेवा में रहत एक स्थान से दूसरा स्थान पs स्थानांतरण के प्रक्रिया लागल रहेला। ओहिजा बहरौली मुखिया अजीत सिंह कहलें की तबादला भइल कर्मियन के विदाई दिहल गइल आ मशरक कार्यालय में योगदान देवे वाला कर्मियन के स्वागत सम्मान कइल गइल।

कार्यक्रम के संचालन बहरौली पंचायत के मुखिया अजीत सिंह कइलें। कार्यक्रम में मवका पs उपस्थित शिक्षक नेता संतोष सिंह, दुर्गौली मुखिया प्रतिनिधी सतेंदर सिंह, उप मुखिया प्रतिनिधि पंकज सिंह, मुखिया संघ के प्रखंड अध्यक्ष डॉक्टर जितेंद्र सिंह, प्रखंड प्रमुख रवि प्रकाश सिंह मंटू, सेमरी मुखिया प्रतिनिधि दिलीप सिंह, उप प्रमुख रणधीर यादव, भाजपा मंडल अध्यक्ष बीरबल प्रसाद कुशवाहा, दूरगौली बीडीसी शशिभूषण सिंह, जजौली बीडीसी प्रतिनिधि अमित सिंह सहित आउर लोग रहल मवजूद रहल लो।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]