नई दिल्ली। 11वां अंतरराष्ट्रीय योग दिवस 21 जून के पूरा भारत आ दुनिया भर में बड़ उत्साह के संगे मनावल जा रहल बा। अबकी बेर “एक पृथ्वी, एक स्वास्थ्य के लिए योग” थीम के संगे दुनिया भर में योग दिवस मनावल जा रहल बा। प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी विशाखापत्तनम में तीन लाख लोगन के संगे योग कइलें।
योग फिटनेस से कहीं जादे हs। योग खाली शारीरिक व्यायाम ना हs। ई आत्म-जागरूकता, मानसिक स्पष्टता, भावनात्मक संतुलन आ आध्यात्मिक विकास के यात्रा हs। दुनियाभर में लोग योग कs रहल बा।
International Yoga Day: लोग विशाखापत्तनम में अंतरराष्ट्रीय योग दिवस समारोह में भाग लेवे खातिर समुद्र तट पs एकत्र भइलें, जेकर अध्यक्षता प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी आ मुख्यमंत्री चंद्रबाबू नायडू कs रहल बाड़ें।
योग के सीधा अर्थ होला जुड़ल- पीएम मोदी
विशाखापट्टनम में अंतरराष्ट्रीय योग दिवस के अवसर पs आयोजित राष्ट्रीय समारोह के संबोधित करत प्रधानमंत्री मोदी कहलें कि देस आ दुनिया के सब लोगन के अंतरराष्ट्रीय योग दिवस के बहुत बहुत सु। आज 11वीं बार पूरा विश्व एक संगे 21 जून के योग कs रहल बा। योग के सीधा अर्थ होला जुड़ल। ई देखल सुखद बा कि कइसे योग समूचा विश्व के जोड़ले बा।