[the_ad_group id="30365"]

UP : स्कूल आवत-जात टीचर मैडम के भइल ऑटो चालक से लव… चार साल चलल प्यार, अब ड्राइवर कइलस बियाह से इनकार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर। उत्तर प्रदेश के गोरखपुर जिला के सहजनवां क्षेत्र के एगो शिक्षिका के ओहिजा के एगो ऑटो ड्राइवर से प्यार हो गइल। दुनो में करीब चार साल तक प्रेम प्रसंग चलल। शिक्षिका के आरोप बा कि ऑटो ड्राइवर बियाह के झांसा देके यौन शोषण कइलास। अब बियाह के बात कहला पs उ इनकार कs देले बा। एकरा बाद शिक्षिका केस दर्ज करवले बाड़ी। पुलिस ममिला के जांच कs रहल बिया।

जानकारी के मोताबिक, सहजनवां क्षेत्र के एगो जुवती प्राइवेट स्कूल में शिक्षिका बाड़ी। ऑटो से उस स्कूल आवत-जाती रहली। एही दौरान एगो ऑटो ड्राइवर से प्रेम हो गइल। उ दूसर ऑटो से स्कूल जाइल बंद कs देली। ओकरे संगे स्कूल आवे-जाये लगली। कुछ दिन में दुनो के नजदीकी बहुते बढ़ गइल। चार साल तक दुनो के बीच ई सिलसिला चलल।

बात तब बिगड़ल जब शिक्षिका बियाह खातिर कहली। एह पs ऑटो ड्राइवर पीछे हट गइल। उ बहुत दिन तक ओकरा के मनावे के कोसिस कइली, बाकिर बात ना बनल। एकरा बाद शिक्षिका बियाह के झांसा देके यौन शोषण के आरोप लगावत सहजनवां थाना में शिकायत दर्ज करवली। उ एसपी नॉर्थ के लगे शिकायत लेके पहुंचली। बतावल जा रहल बा कि जुवक अब ऑटो ना चलावेला। ओहिजा, शिक्षिका स्कूल जाइल बंद कs देले बाड़ी। सहजनवां थानाध्यक्ष महेश चौबे बतवलें कि ममिला में केस दर्ज कs के जांच कइल जा रहल बा।

Read Also: Hockey : लगातार हार के बाद जीत के संगे विदा लिहल चाही भारतीय पुरुष आ महिला टीम, बेल्जियम से होई सामना

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]