[the_ad_group id="30365"]

International Yoga Day : डीएवी पीजी कॉलेज गोरखपुर में मनल अतंरराष्ट्रीय योग दिवस, सूर्य नमस्कार के भइल अभ्यास

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर। अतंरराष्ट्रीय योग दिवस के अवसर पs सनीचर के डीएवी पीजी कॉलेज, गोरखपुर में राष्ट्रीय सेवा योजना, राष्ट्रीय कैडेट कोर आ रोवर्स रेंजर्स के संयुक्त तत्वावधान में प्राचार्य प्रोफेसर शैल पांडे आउर कार्यक्रम अधिकारी प्रतिभा गुप्ता, डॉ मनोज कुमार श्रीवास्तव आ डॉ संजय कुमार पांडेय नेतृत्व में शिक्षक आ कर्मचारी सूर्य नमस्कार के अभ्यास कइल।

एह अवसर पs योगाचार्य के रूप में डॉ संजय कुमार पांडेय सभे के योग के लाभ आ शारीरिक आउर मानसिक स्वास्थ्य खातिर एकर महत्ती भूमिका पs प्रकाश डलले। उ कहलें कि योग से ना खाली हमनी के मानसिक स्वास्थ्य आ शारीरिक स्वास्थ्य सुरक्षित होला, बलुक हमनी के वर्तमान परिवेश में जीवन शैली के एगो अभिन्न अंग के रूप में हमनी खातिर जरूरी बा। सूर्य नमस्कार सब योगाभ्यास में सबसे जादे लाभदायक बा।

स्वयंसेविका दृष्टि चार्ट पेपर पs सूर्य नमस्कार के 12 चरणन के चित्रित कs के अपना प्रतिभा के प्रदर्शन कइली। एह अवसर पs डॉ कुलदीप कुमार द्विवेदी, डॉ राजेश राय आ डॉ विश्व दीपक सिंह सहित सब शिक्षक आ कर्मचारी उपस्थित रहल।।अमन, आदित्य, रिया, आदर्श चौहान, दीपाली आ कात्यायनी सहित सब छात्र आ छात्रा उपस्थित रहे लो।

Read Also: International Yoga Day : 14,000 फीट के ऊंचाई से लेके समुद्र के छोर तक, योगमय भइल पूरा देस; विशाखापट्टनम से पीएम मोदी के खास संदेश

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]