सबेरे-सबेरे: रात में रउरो बानी नींद ना अवले से बानी परेशान, तऽ सुते से पहिले करी इs योगासन मिनटन में आईं नींद…

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 20, 2025

स्वस्थ रहे खातिर रात में निमन अवुरी गहरा नींद लिहल बहुत जरूरी बा। बाकिर आज के व्यस्त अवुरी तनावपूर्ण जीवन में बहुत लोग के नींद ना आवे के समस्या के सामना करे के पड़ेला। रात

Share

स्वस्थ रहे खातिर रात में निमन अवुरी गहरा नींद लिहल बहुत जरूरी बा। बाकिर आज के व्यस्त अवुरी तनावपूर्ण जीवन में बहुत लोग के नींद ना आवे के समस्या के सामना करे के पड़ेला। रात में नींद ना आवे के पीछे बहुत कारण हो सकता, जईसे कि देर रात तक जागल रहे, लैपटॉप चाहे मोबाइल के इस्तेमाल, देर रात तक टीवी देखल, तनाव, चिंता चाहे कवनो शारीरिक समस्या। रात में ठीक से नींद ना आवे से ना सिर्फ शारीरिक बालुक मानसिक स्वास्थ्य प भी बहुत बुरा असर पड़ेला। एकरा चलते बहुत गंभीर बेमारी के खतरा बढ़ सकता। अगर रात में नींद ना आवे के समस्या से भी परेशान बानी तs एक बेर डॉक्टर से सलाह लेवे के चाही। एकरा अलावे ए समस्या से छुटकारा पावे खाती आप कुछ योगासन के अभ्यास कs सकतानी।  आज एह लेख में हम कुछ योगासन के बारे में बतावे जा रहल बानी , जवन अनिद्रा के समस्या के दूर करे अवुरी निमन नींद लेवे में मदद कs सकता।  त आईं, एकरा बारे में विस्तार से बात होखे –

पहिला जवन महत्वपूर्ण योगासन बा उऽ हs-

रात में सुते से पहिले कुछ योग आसन कईला से निमन अवुरी गहरा नींद आवे में मदद मिल सकता। आईं, एह योगासन के बारे में जानल जाव-

बालासन

एह योग आसन के करे खातिर पहिले योग चटाई पs भाऽ कवनो दरी पऽ घुटना टेक के बईठे के चाहीं।अपना देह के सब वजन एड़ी प लगा दीं।ओकरा बाद एगो गहिर साँस भरत आगेके ओर झुकीं बाकिर अतना ध्यान रहे कि राउर सीना रउऽरा जाँघी के छुवे।ओकरा बाद माथ से फर्श के छूवे के कोशिश करीं।कुछ सेकंड तक एह स्थिति में रहला के बाद वापस सामान्य स्थिति में आ जाईं।एह प्रक्रिया के 3 से 5 हाली दोहराईं।

भुजंगासन
भुजंगासन

एह आसन के करे खातिर योग चटाई पर पेट पर लेट जा।
कोहनी के कमर के नजदीक अवुरी हथेली के ऊपर के ओर मुँह क के राखी।अब धीरे-धीरे साँस लेत छाती के ऊपर के ओर उठाईं।एकरा बाद धीरे-धीरे पेट ऊपर उठाईं। 30 सेकंड तक एही स्थिति में रहीं।अब साँस छोड़त धीरे-धीरे आपन माथा जमीन के ओर नीचे करीं।एह प्रक्रिया के 3 से 5 हाली दोहराईं।

एह आसन के करे खातिर पहिले योग चटाई पs गोड़ सीधा कs के बईठे के चाही।एकरा बाद घुटना मोड़ के दुनो तलवा के एक दूसरा से जोड़ दीं।एकरा बाद हाथ के एक दोसरा से जोड़ के गोड़ के तलवा के धई लीं।एकरा बाद दुनो आंख बंद कs के गोड़ के ऊपर नीचे ले जाईं।ई आसन रउआ 3-5 मिनट ले कs सकेनी।

शवासन
शवासन

एह आसन के करे खातिर योग चटाई पर पीठ पर लेट जाईं।
अपना दुनो गोड़ के बीच तनी अंतर राखीं।अब दुनु हाथ के देह के बराबर राखीं।अब एगो लमहर साँस लेके साँस छोड़ दीं।कुछ समय बाद शुरुआती अवस्था में वापस आ जाईं। इs आसन रउआ 3-5 मिनट तक कर सकेनी।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.