[the_ad_group id="30365"]

भारत के एशिया में बादशाहत बरकरार, चीन के घर में घुसके पीटलस, रिकॉर्ड पांचवां बेर बनल चैंपियन

भारत एशियन हॉकी चैंपियंस ट्रॉफी फाइनल में चीन के हरवलस।
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारत के एशियन हॉकी चैंपियंस ट्रॉफी में बादशाहत बरकरार बा। हरमनप्रीत सिंह के कप्तानी वाली भारतीय टीम फाइनल में मेजबान चीन के 1-0 से हरवलस। एकरा संगे भारत रिकॉर्ड पांचवां बेर ट्रॉफी पs कब्जा कs लेलस। छठा बेर फाइनल खेले उतरल भारतीय टीम के ओर से इकलौता गोल जुगराज सिंह कइलें।

भारत के ओर से ई गोल चउथा क्वार्टर में आइल। जुगराज सिंह मैच के 51वां मिनट में फील्ड गोल दगलें। टीम इंडिया डिफेंडिंग चैंपियन के हैसियत से टूर्नामेंट में उतरल रहे। भारतीय टीम अजेय रहत आपन खिताब बरकरार रखले बिया। पेरिस ओलंपिक 2024 के बाद भारतीय टीम के ई बड़ उपलब्धि बा। एह टूर्नामेंट में कइयन बेर सीनियर खिलाड़ियन के आराम दिहल गइल।

भारत (IND vs CHA) अजेय रहत फाइनल में प्रवेश कइले रहे। हरमनप्रीत सिंह (Harmanpreet Singh) के कप्तानी वाली भारतीय टीम सेमीफाइनल में दक्षिण कोरिया के जबकि चीन पाकिस्तान के हराके खिताबी मुकाबला में जगह बनवले रहे। भारत लीग में आपन सब पांच मैच जीतले रहे। जेमे चीन के खिलाफ 3-0 के जीत सामिल बा। चीन के टीम के पहिला बेर फाइनल के टिकट मिलल रहे। दुनो टीम एशियन चैंपियंस ट्रॉफी (Asian Champions Trophy 2024) में सातवां बेर भिड़ल रहे। एसे पहिले छव में से पांच में भारत विजयी रहल रहे, जबकि एगो मैच में चीन जीतले रहे। चीन 2006 में भारत के हरववले रहे। सुरुआती तीन क्वार्टर में दुनो टीम जबरदस्त खेल के प्रदर्शन कइले रहे।

भारत-चीन के रोड टू फाइनल

भारत लीग के अपना पहिला मैच में चीन के 3-0 से हरवले रहे, जबकि जापान के 5-1 ओहीजा मलेशिया के 8-1 से रउदले रहे। भारत साउथ कोरिया के 3-1 से मात देलस। ओहिजा, सेमीफाइनल में फेर इंडिया कोरिया के 4-1 से धोवलस। चीन के लीग में दु मैचन में जीत मिलल रहे, जबकि तीन गो मुकाबला ऊ गंववले रहे। सेमीफाइनल में शूटआउट में पाकिस्तान के पस्त कs के फाइनल में जगह बनवले रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]