[the_ad_group id="30365"]

सीवान के स्कूल-इंटर कॉलेज में आज से इंटर कॉलेज एग्जाम: 9वीं से लेके 12वीं के एग्जाम में 2 लाख से जादे लईका होइहें सामिल, जानीं डिटेल्स

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सीवान के सब सरकारी आ गैर सरकारी उच्च विद्यालय आउर इंटर कॉलेज में बिहार विद्यालय परीक्षा समिति के निर्देश पs 25 सितंबर (सोमार) से वर्ग 9 से लेकर 12वीं के मासिक परीक्षा के आयोजन कइल जा रहल बा। परीक्षा में दु लाख से जादे छात्र-छात्रा सामिल होई लो।

प्रश्न पत्र आ उत्तर पुस्तिका के सीवान के वीएम उच्च विद्यालय सह इंटर कॉलेज में वितरण कइल गइल। जिला के सब सरकारी स्कूल के प्रधानाध्यापक के प्रश्न पत्र आ उतर पुस्तिका के वितरण कइल गइल। जिला शिक्षा पदाधिकारी मिथिलेश कुमार संबंधित सब विद्यालयन के प्रधान के खुद आ अपना दूत के माध्यम से प्रश्नपत्र के उठाव करे के निरदेस देलें बाड़ें।

सोमार से हरदिन सब विद्यालयन में दु पालियन में परीक्षा आयोजित कइल जाई। 9 वीं आ 10वीं के परीक्षा 25-27 सितंबर तक होई। ओहिजा 11वीं आ 12वीं के परीक्षा अलग-अलग विषय के अनुसार 25 सितंबर से लेके 4 अक्टूबर तक  होई।

जिला शिक्षा पदाधिकारी मिथिलेश कुमार बतवलें कि बिहार विद्यालय परीक्षा समिति द्वारा मिलल निरदेस के मोताबिक सब विद्यालयन में परीक्षा आयोजित करावल जाई। नौवीं से बारहवीं तक आयोजित परीक्षा में जवना स्कूल के लईका उत्कृष्ट प्रदर्शन करी लो ओह स्कूल के आउर विद्यालय के अपेक्षा अनुकरणीय के दर्जा दिहल जाई। एकरा संगही जवना स्कूल के लईका बेहतर प्रदर्शन ना करी लो ओकरा के अगिला मासिक परीक्षा में बेहतर परिणाम देवे खातिर निरदेस दिहल जाई।

मासिक परीक्षा फल बिहार विद्यालय परीक्षा समिति द्वारा बनावल गइल मोबाइल ऐप पs प्रकाशित कइल जाई। जिला शिक्षा पदाधिकारी मिथिलेश कुमार बतवलें कि मासिक परीक्षा आयोजित कइल गइला से लईकन में परीक्षा देवे के भय समाप्त होई। एकरा संगही लईकन में बौद्धिक के क्षमता के विकासो होई।

साभार: दैनिक भास्कर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]