[the_ad_group id="30365"]

असिस्टेंट प्रोफेसर के पदन पs निकलल वैकेंसी: 3 अक्टूबर तक कs सकेम अप्लाई, 57,000 रुपिया मिली सैलरी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सरकारी नौकरी के तइयारी कs रहल युवा लोगन खातिर बढ़िया खबर बा। महाराष्ट्र लोक सेवा आयोग (MPSC) वैकेंसी निकलल बा। एकरा तहत सरकारी कला महाविद्यालय में अलग-अलग सब्जेक्ट के 94 असिस्टेंट प्रोफेसर के पदन पs वैकेंसी निकलल बा। उम्मीदवार महाराष्ट्र लोक सेवा आयोग के ऑफिशियल वेबसाइट mpsc.gov.in पs जाके 3 अक्टूबर तक ऑनलाइन अप्लाई कs सकत बानी।

सैलरी

भर्ती खातिर सिलेक्ट होखला पs उम्मीदवार के हर महीना 57 हजार 700 रुपिया सैलरी दिहल जाई।

एजुकेशनल क्वालिफिकेशन

संबंधित शाखा में फर्स्ट क्लास के संगे ग्रेजुएशन आ मास्टर डिग्री भा दुनो में से कवनो एगो डिग्री में समकक्ष योग्यता होखे के चाहीं। एकरा संगही में पीएचडी आ दु साल के कार्य अनुभव होखल जरूरी बा।

आयु सीमा

सहायक प्रोफेसर के पदन पs भर्ती खातिर आवेदन करे वाला उम्मीदवारन के आयु 03 अक्टूबर, 2023 के 18 बरिस से जादे आ 38 बरिस से कम होखे के चाहीं। संगही आरक्षित श्रेणी के उम्मीदवारन खातिर ऊपरी आयु सीमा में छूट लागू बा।

एप्लिकेशन फीस

भर्ती प्रक्रिया में सामिल होखे खातिर सामान्य वर्ग के उम्मीदवार के 394 रुपिया, जबकि आउर वर्ग के उम्मीदवार के 294 रुपिया फीस के तौर पs देवे के होई।

अइसे करीं आवेदन

  • ऑफिशियल वेबसाइट mpsc.gov.in पs जाई।
  • ‘ऑनलाइन एप्लिकेशन सिस्टम’ पs क्लिक करीं।
  • अब पोर्टल पs रजिस्ट्रेशन कs के लॉगइन करीं।
  • पद चुनीं, फॉर्म भरीं, डॉक्यूमेंट्स अपलोड कs के फीस के भुगतान करीं।
  • एगो कॉपी डाउनलोड करीं। आगे के जरूरत खातिर प्रिंटआउट लेके रखीं।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]