[the_ad_group id="30365"]

इंस्टाग्राम पs अब 16 साल से कम उमिर के लइके नाइ देख पइहें संवेदनशील कंटेंट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

फोटो-वीडियो शेयरिंग प्लेटफॉर्म इंस्टाग्राम (Instagram) अपने प्राइवेसी फीचर्स में नया बदलाव कs दिहलें बा। एह बदलाव के तहत अब 16 साल से कम उम्र के लइके संवेदनशील कंटेंट नाइ देख सकिहें। मेटा के स्वामित्व वाली इंस्टाग्राम एकर ऑफिशियल घोषणा करत कहलस कि हम संवेदनशील कंटेंट से लइकन के बचावे खातिर प्राइवेसी फीचर्स में कुछ बदलाव कर रहल बानी जा, जेमे नयका किशोर यूजर्स खातिर संवेदनशील कंटेंट के डिफॉल्ट रूप से सीमित कइल जा रहल बा। बता देईं कि अभिन ले इंस्टाग्राम पर लइकन खातिर संवेदनशील कंटेंट के बंद चाहे लिमिट करे खातिर पेरेंट्स कंट्रोल ऑप्शन के मदद लीहल जात रहे।

का हवें नयका फीचर्स

इंस्टाग्राम के अनुसार, जल्दिए एह फीचर्स के सभके खातिर लाइव कs दिहल जाई। एह फीचर्स से इंस्टाग्राम पहिले से ढ़ेर सुरक्षित अउर मजेदार हो जाई। इंस्टाग्राम के एह नयका फीचर्स के तहत सेंसेटिव कंटेंट कंट्रोल में अब 16 साल से कम उमिर के लइकन ख़ातिर खाली दू ऑप्शन्स दिहल जाई। लइके खाली स्टैंडर्ड अउरी लेस ऑप्शन के ही चुनाव कर सकतने। चुनाव नाइ कइलें पर एके डिफॉल्ट रूप से लेस पर ही सेट कइल जाई।

कंपनी के मुताबिक अब एह प्राइवेसी फीचर्स के बाद लइके सेंसेटिव कंटेंट चाहे ओसे जुड़े कौनो भी कीवर्ड, सर्च रिजल्ट, हैशटैग, पेज, रील्स, न्यूज फीड को भी नाइ खोज पइहें। एह फीचर्स में 16 साल से कम उम्र के लइकन खातिर कई सिक्योरिटी फीचर्स भी एड कइल गइल बा। नया फीचर्स के तहत लइके कंटेंट शेयर कइलें, मैसेज या कॉन्टैक्ट, कंटेंट सीन अउरी इंस्टाग्राम यूज कइलें के टाइम भी मैनेज कs पइहें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]