[the_ad_group id="30365"]

व्हाट्सएप जुलाई में 23 लाख से बेसी भारतीय अकाउंट बैन कइलस, वजहो बतवलस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

व्हाट्सएप जुलाई में 23 लाख से बेसी भारतीय अकाउंट के बैन कs देलस। सोशल मैसेजिंग प्लेटफॉर्म बियफे के जमा कइल गइल अपना मंथली कंप्लायंस रिपोर्ट (मासिक अनुपालन रिपोर्ट) में ई बात कहलस। व्हॉट्सएप कहलस कि उ जुलाई, 2022 के दौरान 23.87 लाख से बेसी भारतीय अकाउंट पs बैन लगावल गइल बा। एमे से 14 लाख से बेसी अकाउंट के यूजर द्वारा कवनो शिकायत से पहिलही हटा दिहल गइल बा।

व्हॉट्सएप बियफे के ई जानकारी देत बतावल कि जुलाई के आकंड़ा चालू वित्त वर्ष के कवनो महीना में अबतक सबसे बेसी बा। व्हॉट्सएप जून, 2022 में 22 लाख से बेसी भारतीय खातन के अपना शिकायत निवारण चैनल के माध्यम से प्राप्त शिकायतन आउर उल्लंघनन के आधार पs बैन कs देले रहे, मई में कंपनी एह तरे के 19 लाख, अप्रिल में 16 लाख आ मार्च में 18.05 लाख खातन के बंद कइलस।

पिछला साल लागू भइल सूचना प्रौद्योगिकी नियमन के तहत बड़ डिजिटल मंच (50 लाख से अधिक यूजर वाला) के हर महीना अनुपालन रिपोर्ट प्रकाशित कइल, प्राप्त शिकायतन आ कइल गइल कार्रवाई के विवरण के उल्लेख कइल अनिवार्य बा। व्हॉट्सएप अपना मासिक अनुपालन रिपोर्ट में कहलस, ‘‘एक जुलाई, 2022 आ 31 जुलाई, 2022 के बीच 23,87,000 खातन पs प्रतिबंध लगवलस। एमे से 14,16,000 खातन के उपयोगकर्ता के कवनो तरे रिपोर्ट से पहिले सक्रिय रूप से प्रतिबंधित कs दिहल गइल रहे।’’

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]