[the_ad_group id="30365"]

तकनीक: व्हाट्सएप पs ग्रुप चैट में लउकी अब प्रोफाइल फोटो

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

व्हाट्सएप अपना नाया उपडेट में ग्रुप खातिर एगो आउर नाया फीचर ले आवे के तइयारी में बा। नयका फीचर के मदद से ग्रुप में सामिल लोगन के प्रोफाइल फोटो ग्रुप चैटवे में देखल जा सकी। रिपोर्ट में दावा कइल गइल बा कि व्हाट्सएप एगो ‘प्रोफाइल फोटो ग्रुप चैट’ नाम के नाया फीचर पs काम कs रहल बा। फिलहाल ई डेवलपमेन्ट फेज में बा। आईओएस 22.18.0.72 अपडेट खातिर बीटा से पता चलल बा कि ग्रुप चैट के इंटरफेस के सुधारे खातिर एह फीचर के ले आवल जाई। रिपोर्ट में एगो स्क्रीनशॉट के शेयरो कइल गइल बा।

बता दीं कि व्हाट्सएप्प एगो इंस्टेंट मैसेजिंग ऐप हs जवना के दुनिया भर में उपयोगकर्ता भारी मात्रा में इस्तेमाल करेले। आ आपन उपभोक्ता खातिर व्हाट्सएप लगातार कुछ ना कुछ नाया देवे के कोसिस करत रहेला।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]