[the_ad_group id="30365"]

बराज से पानी डिस्चार्ज के बाद गंडक के बढ़ल जलस्तर: बेतिया के पांच पंचायतन के गांवन के मुख्यालय से टूटल संपर्क, परेसानी में ग्रामीण

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

वाल्मीकि नगर गंडक बराज से छोड़ल गइल पानी से बेतिया के योगापट्टी प्रखंड के 5 पंचायत के आधा दर्जन गांवन के सड़क संपर्क प्रखंड मुख्यालय से टूट गइल बा। गंडक नदी के जलस्तर में उफान से दियारा के इलाकन में चारों तरफ पानी फइल गइल बा। पानी बढला से सिसवां मंगलपुर पंचायत के मतधातापुर गोड टोली, भस्हवा जरलपुर, खुटवनिया पंचायत के नया टोला, जरलपुर पंचायत के शाही बाजार, गजना बैसिया, ढढवा पंचायत के रमना रेता भवानीपुर पंचायत के भवानीपुर बालेश्वर सिंह के टोला सहित दर्जन गांवन के सड़क संपर्क भंग हो गइल बा।

गांव में घुसे के कगार पs पानी

पानी धीरे-धीरे गांव में घुसे के कगार पs बा। नदी के जलस्तर बढला से ग्रामीणन में भय के महौल बा। स्थानीय ग्रामीणन के कहनाम बा कि आवागमन खातिर खाली एगो निजी नावे सहारा बा। स्थानीय प्रशासन नाव के बेवस्था अभी तक नइखे कइले। ना कवनो जनप्रतिनिधी आ अधिकारी आवत बा लो जवना के लेके ग्रामीणन में आक्रोश व्याप्त बा।

ग्रामीण बंधु साह, अकबर मियां, शंभु पटेल, राजमन साह, दीलिप साह, गोड महेश, गोड जीतन मांझी, रहीम मियां सहित दर्जनन लोग प्रशासन पs आरोप लगावत कहल कि पहिले सनीचर आ अब बुध के रात से गंडक के उप छाडन नदी के उफान के संगे सिसवां मंगलपुर पंचायत से सड़क संपर्क बांस के चचरी के सहारे चलत रहे जवन ध्वस्त हो गइल रहे। जवना से आवागमन में कठिनाइयन के सामना करे के पड़ रहल बा। सरकार के ओर से आवागमन खातिर अभी तक नाव के बेवस्था नइखे कइल गइल। एगो निजी नाव से ग्रामीण अपना जरूरत सामानन के ले आवत बा।

एक हफ्ता में 2 बेर पानी डिस्चार्ज

कामजरलपुर खुटवनिया पंचायत के मुखिया नुरेशा खातून सिसवां मंगलपुर पंचायत के पूर्व मुखिया कृष्ण कुमार बिन्द आ पूर्व मुखिया आशा देवी कहल लो कि एक हफ्ता में दु बेर वाल्मीकि नगर बराज से छोडल गइल पानी के बाद एह गांव के लोगन के बाढ़ के मार झेले के पड़ रहल बा। बाकिर प्रशासन खाली सर्वे कs के कोरम पुरा करेले। हर साल इहां के लोगन खातिर निजी नाव आ स्थानीय लोगन के सहजोगे काम आवेला।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]