[the_ad_group id="30365"]

आयरलैंड दौरा खातिर भारतीय टीम के ऐलान, बुमराह कप्तान: रोहित-कोहली आ पंड्या समेत सब सीनियर प्लेयर्स के आराम

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

18 अगस्त से सुरू हो रहल आयरलैंड दौरा खातिर भारतीय टीम के ऐलान कs दिहल गइल बा। लगभग एक साल बाद चोट से वापसी कs रहल तेज गेंदबाज जसप्रीत बुमराह के टीम के कप्तान बनावल गइल बा, जबकि रोहित शर्मा, विराट कोहली आ हार्दिक पंड्या जइसन सब सीनियर प्लेयर्स के आराम दिहल गइल बा।

ई सीरीज टीम इंडिया खातिर एहसे महत्वपूर्ण बा, काहेकि एसे जसप्रीत बुमराह वापसी कs रहल बाड़ें। भारतीय टीम के अगिला महीना एशिया कप आ ओकरा बाद अक्टूबर-नवंबर में वर्ल्ड कप खेले के बा। अइसन में बुमराह के फॉर्म के संगे वापसी होत बा तs टीम मजबूत होई।

टीम इंडिया आयरलैंड के खिलाफ तीन टी-20 मुकाबला खेली। टीम कैरेबियाई दौरा से सीधे आयरलैंड खातिर रवाना होई।

रोहित, कोहली, पंड्या जइसन सीनियर्स के आराम

भारतीय सिलेक्टर्स आयरलैंड दौरा खातिर कप्तान रोहित शर्मा, विराट कोहली आ हार्दिक पंड्या जइसन लगभग सब सीनियर्स के आराम दिहल गइल बा, जबकि तिलक वर्मा, रिंकू सिंह आ जितेश शर्मा जइसन IPL स्टार्स के टीम में मवका दिहल गइल बा। ई सब खिलाड़ी IPL में सानदार प्रदर्शन कइले रहे लो।

10 महीना बाद टीम में वापसी कs रहल बाड़ें बुमराह

जसप्रीत बुमराह करीब एक साल के बाद टीम इंडिया में वापसी कs रहल बाड़ें। ऊ पीठ के चोट के बाद NCA में रिहैब प्रक्रिया से गुजरत रहस। बुमराह न्यूजीलैंड में आपन बैक सर्जरियो करवले रहस। बुमराह आखिरी मुकाबला 25 सितंबर 2022 के ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ हैदराबाद में खेलले रहस।

चोट के कारण एशिया कप, टी-20 वर्ल्ड कप आ WTC फाइनल से दूर रहलें बुमराह

बुमराह बेंगलुरु के NCA में रिहैब कs रहल बाड़ें। ऊ सितंबर 2022 से क्रिकेट से दूर बाड़ें। बुमराह बैक इंजरी केवजह से पिछला साल टी-20 एशिया कप आ ऑस्ट्रेलिया में भइल टी-20 वर्ल्ड कप में टीम के हिस्सा ना रहस।

आयरलैंड दौरा खातिर घोषित भारतीय टीम

जसप्रीत बुमराह (कप्तान), ऋतुराज गायकवाड़ (उपकप्तान), यशस्वी जयसवाल, तिलक वर्मा, रिंकू सिंह, संजू सैमसन (विकेटकीपर), जितेश शर्मा (विकेटकीपर), शिवम दुबे, वाशिंगटन सुंदर, शाहबाज अहमद, रवि बिश्नोई, प्रसिद्ध कृष्णा, अर्शदीप सिंह, मुकेश कुमार आ आवेश खान।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]