Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

टीम के संगे पोर्ट ऑफ स्पेन ना पहुंचलें कोहली: रिपोर्ट में दावा- देर रात तक पहुंच जइहें, काल्ह खेलल जाई तीसरा वनडे

1,359

टीम इंडिया के अनुभवी बैटर विराट कोहली तीसरका वनडे से पहिले टीम के संगे पोर्ट ऑफ स्पेन नइखन पहुंचल। अइसन में कयास लगावल जा रहल बा कि मंगर के होखे वाला तीसरका आ निर्णायक वनडे में कोहली हिस्सा ना लिहें। हालांकि कुछ रिपोर्ट में दावा कइल गइल बा कि कोहली सोमार देर रात तक टीम से जुड़ जइहें।

सोमार के भारतीय क्रिकेट के फैंस कोहली सहित टीम के आउर क्रिकेटर्स के देखे खातिर होटल के सोझा एकत्रित भइल लो। जब इहां टीम के बस पहुंचल तs कोहली ओमे ना रहस।

दूसरका वनडे के दौरान विराट कोहली लेग स्पिनर युजवेंद्र चहल के संगे पानी पियावत लउकल रहस।

पिछलका मुकाबला में आराम दिहल गइल रहे

कोहली के पिछलका वनडे मुकाबला में आराम दिहल गइल रहे, उनका के लेग स्पिनर युजवेंद्र चहल के संगे डगआउट में बइठल मस्ती करत देखल गइल रहे। एकरा पहिले, सीरीज के पहिला मुकाबला में कोहली के बैटिंग ना आइल रहे।

ई मुकाबला अहम, काहेकि सीरीज 1-1 से बराबर

सीरीज के तीसरका आ निर्णायक मुकाबला अहम बा, काहेकि पिछलका वनडे में भारतीय टीम के हरला के बाद सीरीज 1-1 के बराबरी पs बा। तीसरका वनडे गंववला के इस्थिति में टीम इंडिया ई सीरीजो गंवा दी।

6 विकेट से गंववलें रहे दूसरका मुकाबला

बारबाडोस के केंसिंग्टन ओवल मैदान पs भारतीय टीम पिछलका वनडे 6 विकेट से गंवा देले रहे। ओह मुकाबला में कप्तान रोहित शर्मा आ विराट कोहली दुनु के आराम दिहल गइल रहे आ हार्दिक पंड्या टीम के कमान संभरले रहस।

पहिला मुकाबला में 8वां नंबर पs उतरल रहस रोहित

वनडे सीरीज के पहिला मुकाबला में कप्तान रोहित शर्मा टीम के बैटिंग ऑर्डर में बड़ बदलाव कइले रहस। तब 115 रन के स्कोर चेज करे उतरल टीम इंडिया के कप्तान रोहित शर्मा 8वां नंबर पs बैटिंग करे उतरल रहस, कोहली के तs बैटिंगो ना आइल रहे। एकरा बावजूद भारतीय टीम मुकाबला 5 विकेट से जीत लेले रहे।

साभार: दैनिक भास्कर

614230cookie-checkटीम के संगे पोर्ट ऑफ स्पेन ना पहुंचलें कोहली: रिपोर्ट में दावा- देर रात तक पहुंच जइहें, काल्ह खेलल जाई तीसरा वनडे

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.