[the_ad_group id="30365"]

इंडिया-पाकिस्तान वर्ल्ड कप मैच के तारीख बदलल: 15 ना, 14 अक्टूबर के मुकाबला; पाकिस्तान क्रिकेट बोर्ड बदलाव खातिर राजी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

वनडे वर्ल्ड कप में 15 अक्टूबर के अहमदाबाद में होखे वाला भारत-पाकिस्तान मुकाबला के तारीख बदल दिहल गइल बा। ई मैच अब 14 अक्टूबर के खेलल जाई। न्यूज एजेंसी पीटीआई के मोताबिक, पाकिस्तान क्रिकेट बोर्ड (PCB) तारीख में बदलाव खातिर राजी हो गइल बा।

संगही श्रीलंका के खिलाफ पाकिस्तान के मैच के तारीखो बदलल गइल बा। ई मैच 12 अक्टूबर के खेलल जाये के रहे। अब ई मुकाबला 10 अक्टूबर के होई। एह बदलाव के चलते पाकिस्तान के भारत के खिलाफ मुकाबला से पहिले 3 दिन के गैप मिल जाई।

वनडे वर्ल्ड कप 5 अक्टूबर से खेलल जाई आ इंटरनेशनल क्रिकेट काउंसिल (ICC) जून के आखिर में एकर शेड्यूल जारी कइले रहे। दूसरा टीमन के कुछ मैच के समयो बदलल जा सकत बा। ICC जल्दिये नया शेड्यूल जारी करी।

सुरक्षा कारणन से बदलल जा रहल बा तारीख

सुरक्षा एजेंसी अहमदाबाद में 15 अक्टूबर के होखे वाला मैच के लेके चिंता जाहिर कइले रहली सs। एजेंसियन के कहनाम रहे कि एह तारीख के नवरात्रि के पहिला दिन होई। अइसन में पर्याप्त सुरक्षा मुहैया करावे में दिक्कत हो सकत बा। एकरा बाद ICC आ BCCI पाकिस्तान बोर्ड से संपर्क कइलस आ 2 ग्रुप मैचन के तारीख बदले पs बात कइलस।

पहिले ई रहे पाकिस्तान के शेड्यूल

भारत के पहिला मुकाबला ऑस्ट्रेलिया से

भारतीय टीम वर्ल्ड कप 2023 में अपना अभियान के सुरूआत ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ मुकाबला से करी। भारत आ ऑस्ट्रेलिया के बीच ई मुकाबला 8 अक्टूबर के खेलल जाई। दुनो टीम 8 अक्टूबर के चेन्नई में आमने-सामने होई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]