[the_ad_group id="30365"]

अंडर-17 विमेंस रेसलिंग वर्ल्ड चैंपियनशिप विनर टीम जॉर्डन में फंसल, टीम 5 गोल्ड जीतल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

वर्ल्ड चैंपियनशिप जीतके लवट रहल भारत के अंडर-17 विमेंस रेसलिंग टीम जॉर्डन के अम्मान एयरपोर्ट पs फंस गइल बिया। न्यूज एजेंसी PTI सूत्रन के हवाले से बतवलस कि रेसलर्स के फ्लाइट छूट गइल बा। काहेकि, भारतीय खेल प्राधिकरण (SAI) खिलाड़ियन आ कोच के टिकट अलग-अलग एयरवेज में बुक कइले रहे।

ई टीम 5 गोल्ड, एगो सिल्वर आ दुगो ब्रॉन्ज सहित कुल आठ मेडल जीतके टीम चैंपियनशिप जीतले बिया। एह ममिला में अभी ले SAI के ऑफिशियल बयान नइखे आइल।

SAI आ WFI के लापरवाही के कारण फंसली 9 लईकी

मिलल जानकारी के अनुसार, नव महिला पहलवानन आ तीन गो कोच सनीचर सांझ के भारत वापस लावे लगल रहे। बाकिर ओकर टिकट अलग-अलग उड़ानन में बुकिंग हो गइल रहे। कोच जय भगवान, शिल्पी श्योराण आ रेखा रानी के दुबई में रुके वाली एमिरेट्स उड़ान में सवार होखे रहे, जबकि नवहा पहलवानन के बुकिंग कतर एयरवेज में भइल रहे।

कोच के उड़ान (EK904) के सांझ 6:10 बजे अम्मान से रवाना होखे के रहे आ रात 10:10 बजे दुबई पहुंचे के रहे। उहां से ओह लोगन के सबेरे 3:55 बजे दोसर विमान में सवार होके सबेरे 9:05 बजे दिल्ली आवे के रहे। ओहिजा, पहलवानन के उड़ान (QR401) के रात 8:30 बजे रवाना होके रात 11:10 बजे दोहा पहुंचे के रहे, बाकिर ई फ्लाइट सांझ 6:18 बजे रवाना हो गइल। ई क्लियर नइखे कि उड़ान के समय बदलल भा ना?।

SAI ने एक दिन पहिले एगो पोस्ट में लिखले रहे- ‘भारतीय रेसलिंग के भविष्य सुरक्षित हाथन में बा।’ बाकिर SAI आ WFI के लापरवाही के कारण जॉर्डर में 17 साल से कम उम्र के लईकियन के फंसला के बाद सवाल उठ रहल बा कि का भारतीय रेसलर्स सेफ हैंड में बा लो?

खिलाड़ियन के वापस ले आवे में जुटल WFI

टीम से जुड़ल सूत्र कहल लो कि कम से कम एगो कोच के नवहा पहलवानन के संगे जाये के चाहत रहे। अब ओह लोगन के पहिला उपलब्ध उड़ान से ले आवे के प्रयास कइल जा रहल बा। ओहिजा, रेसलिंग फेडरेशन ऑफ इंडिया (WFI) के एगो अधिकारी कहलें कि पहलवानन के पहिला उपलब्ध उड़ान से स्वदेश वापस ले आवे के प्रयास कइल जा रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]