[the_ad_group id="30365"]

मनु भाकर अब बनिहें क्रिकेटर! सूर्यकुमार यादव से सीख रहल बाड़ी टेक्नीक, खुद कइली खुलासा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पेरिस ओलंपिक-2024 में दुगो ब्रॉन्ज मेडल जीते वाली भारत के जुवा निशानेबाज मनु भाकर अब क्रिकेटर बने के मूड में दिख रहल बाड़ी। मनु कइयन गो खेल खेल चुकल बाड़ी आ अब क्रिकेट में हाथ आजमावे के कोसिस कs रहल बाड़ी। ऊ एकरा खातिर सूर्यकुमार यादव से मुलाकात कइली। मनु सोशल मीडिया पs पोस्ट कs के भारत के टी-20 कप्तान से मिले के जानकारी देली आ बतवली कि ऊ मिस्टर 360 डिग्री के नाम से मशहूर एह बल्लेबाज से नया खेल के तकनीकी ज्ञान ले रहल बाड़ी।

मनु एह समय तीन महीना के ब्रेक पs बाड़ी। पेरिस ओलंपिक में इतिहास रचला के बाद ऊ ई फैसला कइले बाड़ी। मनु पेरिस ओलंपिक में 10 मीटर एयर पिस्टल के इंडीविजुअल आ मिक्सड टीम इवेंट में ब्रॉन्ज मेडल जीतले रहस। ऊ एके ओलंपिक में दुगो मेडल जीते वाली भारत के पहिला खिलाड़ी हई।

सूर्यकुमार यादव से मुलाकात

पेरिस से लवटला के बाद मनु ब्रेक पs बाड़ी आ एह समय के भरपूर उपयोग कs रहल बाड़ी। ऊ भारत के टी-20 टीम के कप्तान सूर्यकुमार से मुलाकात कइली आ एकर फोटो एक्स पs पोस्ट कइली। एह फोटो के संगे मनु लिखली “भारत के मिस्टर 360 डिग्री से मिलके नया खेल के तकनीक सीखनी।” एह फोटो में सूर्यकुमार अपना हाथ से बंदूक के पोज बनवले बाड़ें तs ओहिजा मनु बैट पकड़े के।

कइयन गो खेल खेल चुकल बाड़ी मनु

मनु भले निशानेबाज हई, बाकिर एह खेल के अपनावे से पजिले ऊ कइयन गो आउर खेलन में किस्मत अजमवले रहली। मनु निशानेबाजी से पहिले मार्शल आर्ट्स, जूडो, मुक्केबाजी जइसन खेल खेलले बाड़ी। हालांकि, बाद में उनका निशानेबाजी बहुत पसंद आ गइल आ ऊ एह खेल में रम गइली।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]