Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

कार्तिक मेला के लेके ट्रेनन के होई अस्थाई ठहराव: छपरा सोनपुर के बीच कइयन ट्रेनन के भइल अतिरिक्त ठहराव, रेलवे प्रशासनल लेलस निर्णय

301

कार्तिक पूर्णिमा मेला के अवसर प यात्रियन के होखे वाला अतिरिक्त भीड़ के धेयान में राखत रेलवे प्रशासन द्वारा 07 आ 08 नवम्बर, 2022 के कइयन गो गाड़ियन के अतिरिक्त अस्थाई ठहराव अलग-अलग स्टेशनन प निवम्वत प्रदान कइल गइल बा। एहसे मेला यात्रियन के विशेष लाभ मिली। छपरा सोनपुर के बीचे ट्रेनन के अतिरिक्त ठहराव कइल गइल बा। ई ठहराव दु दिन खातिर अस्थाई तौर प बा। एकर जानकारी मुख्य जन सम्पर्क पदाधिकारी पंकज कुमार देलें।

सोनपुर-छपरा रेल खंड

  • गाड़ी सं. 14015 रक्सौल-आनन्द विहार टर्मिनस एक्सप्रेस के ठहराव 07 नवम्बर, 2022 के परमानन्दपुर, नया गांव, शीतलपुर, अवतारनगर, बड़ा गोपाल आ गोल्डेनगंज स्टेशन प 01 मिनट के ठहराव प्रदान कइल जाई।
  • गाड़ी सं. 15651 गुवाहाटी-जम्मूतवी एक्सप्रेस के ठहराव 07 नवम्बर, 2022 के सोनपुर, नया गांव, शीतलपुर, दिघवारा, अवतारनगर, बड़ा गोपाल आ गोल्डेनगंज स्टेशन प 01 मिनट के ठहराव प्रदान कइल जाई।
  • गाड़ी सं. 14673 जयनगर-अमृतसर एक्सप्रेस के ठहराव 07 नवम्बर, 2022 के सोनपुर, परमानन्दपुर, नया गांव, शीतलपुर, दिघवारा, अवतारनगर, बड़ा गोपाल आ गोल्डेनगंज स्टेशन प 01 मिनट के ठहराव प्रदान कइल जाई।
  • गाड़ी सं. 19166 दरभंगा-अहमदाबाद एक्सप्रेस के ठहराव 07 नवम्बर, 2022 के परमानन्दपुर, नया गांव, शीतलपुर, दिघवारा, अवतारनगर, बड़ा गोपाल आ गोल्डेनगंज स्टेशन प 01 मिनट के ठहराव प्रदान कइल जाई।
  • गाड़ी सं. 14649 जयनगर-अमृतसर एक्सप्रेस के ठहराव 08 नवम्बर, 2022 के सोनपुर, परमानन्दपुर, नया गांव, शीतलपुर, दिघवारा, अवतारनगर, बड़ा गोपाल आ गोल्डेनगंज स्टेशन प 01 मिनट के ठहराव प्रदान कइल जाई।
  • गाड़ी सं. 11123 ग्वालियर-बरौनी एक्सप्रेस के ठहराव 07 आ 08 नवम्बर, 2022 के परमानन्दपुर, नया गांव, शीतलपुर, अवतारनगर, बड़ा गोपाल आ गोल्डेनगंज स्टेशन प 01 मिनट के ठहराव प्रदान कइल जाई।
  • गाड़ी सं. 15027 हटिया-गोरखपुर एक्सप्रेस के ठहराव 07 आ 08 नवम्बर, 2022 के परमानन्दपुर, नया गांव, शीतलपुर, अवतारनगर, बड़ा गोपाल आ गोल्डेनगंज स्टेशन प 01 मिनट के ठहराव प्रदान कइल जाई।

छपरा-सोनपुर रेल खंड

  • गाड़ी सं. 11123 ग्वालियर-बरौनी एक्सप्रेस के ठहराव 07 आ 08 नवम्बर, 2022 के गोल्डेनगंज, बड़ा गोपाल, अवतारनगर, शीतलपुर, नयागांव आ परमानन्दपुर स्टेशन प 01 मिनट के ठहराव प्रदान कइल जाई।
  • गाड़ी सं. 14674 अमृतसर-जयनगर एक्सप्रेस के ठहराव 07 नवम्बर, 2022 के सोनपुर, गोल्डेनगंज, बड़ा गोपाल, अवतारनगर, दिघवारा, शीतलपुर, नयागांव आ परमानन्दपुर स्टेशन प 01 मिनट के ठहराव प्रदान कइल जाई।
  • गाड़ी सं. 14650 अमृतसर-जयनगर एक्सप्रेस के ठहराव 08 नवम्बर, 2022 के सोनपुर, गोल्डेनगंज, बड़ा गोपाल, अवतारनगर, दिघवारा, शीतलपुर, नयागांव आ परमानन्दपुर स्टेशन प 01 मिनट के ठहराव प्रदान कइल जाई।
370950cookie-checkकार्तिक मेला के लेके ट्रेनन के होई अस्थाई ठहराव: छपरा सोनपुर के बीच कइयन ट्रेनन के भइल अतिरिक्त ठहराव, रेलवे प्रशासनल लेलस निर्णय

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.