[the_ad_group id="30365"]

भारतीय डाक विभाग बड़ संख्या में निकलले वैकेंसी, खाली झारखंड खातिर….

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सरकारी नौकरी 2023 : भारतीय डाक विभाग झारखंड के युवा लोग खातिर बम्पर भर्ती निकलस । दसवीं आ बारहवीं के परीक्षा पास करे वाला अभ्यर्थी एह बहाली खातिर आवेदन कर सकेलें।

सरकारी नौकरी में डाक विभाग के काम सबसे आरामदायक मानल जाला। हालही में बम्पर भर्ती के नोटिफिकेशन जारी कइले बिया। इ बहाली उत्तर प्रदेश, बिहार, उत्तराखंड समेत झारखंड में होखे वाला बा। बिहार में 76 पद पे भर्ती होई, जबकि अकेले झारखंड में 1170 पद भरल जाई। एह बहाली खातिर खाली उहे परीक्षार्थी आवेदन क सकेलें जे दसवीं आ बारहवीं के परीक्षा पास कइले होखस।

एह पदन पे भर्ती होखी

झारखंड में कुल 1170 पद के भर्ती होखे वाला बा। एहमें शाखा डाकपाल के 548 पद, ग्रामीण डाक सेवक सहायक के 577 पद, डाक सहायक के 27 पद, निरीक्षक के 6 पद आ मेल निरीक्षक के 12 गो रिक्त पद भरल जाई।

देश भर में 13 हजार से अधिक भर्ती

डाक विभाग ए योजना के तहत ए रिक्ति के निकाल लेले बा, जवना के तहत उ ग्रामीण क्षेत्र के लोग के बैंकिंग के सुविधा देवे वाला बा। गाँवन में हर पांच किलोमीटर पे डाकघर के शाखा खोले के बा, काहे कि ई भर्ती देश भर के 13, 283 पद पे होखे वाला बा।

आवेदन कईसे कईल करी

एह भर्ती खातिर आवेदन करे खातिर उम्मीदवार के इंडियन पोस्ट के आधिकारिक वेबसाइट indiapost.gov.in पे जाए के चाहीं। एहिजा से उम्मीदवारन के भर्ती खातिर अधिसूचना मिल जाई। इहाँ से उम्मीदवार के योग्यता आ अंतिम तारीख के जानकारी मिल सकता।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]