[the_ad_group id="30365"]

पंजाब के पूर्व सीएम प्रकाश सिंह बादल के 95 साल के उमिर में निधन, पीएम मोदी जतवले दुख

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

पंजाब के मुख्यमंत्री रहल प्रकाश सिंह बादल के मंगल के दिने निधन हो गइल। उ 95 साल के रहले आ बहुत दिन से बेमार रहले। मिल रहल जानकारी के मुताबिक शिरोमणि अकाली दल के वरिष्ठ नेता के पछिला कई दिन से सांस लेवे में परेशानी होखत रहे। साँस लेबे में दिक्कत के चलते अस्पताल में भर्ती करावल गइल। प्रकाश सिंह बादल मंगल के रात करीब साढ़े आठ बजे मोहाली के फोर्टिस अस्पताल में आखिरी साँस लिहलन। अकाली दल के वरिष्ठ नेता पांच बेर पंजाब के मुख्यमंत्री रहल बाड़े। सुखबीर सिंह बादल उनकर बेटा हउवन। प्रकाश सिंह बादल के जनम दिसंबर 1927 में पंजाब के एगो छोट गाँव में भइल रहे।

पंजाब के सीएम रहल प्रकाश सिंह बादल के निधन पे पीएम मोदी शोक जतवले बाड़न। प्रकाश सिंह बादल के मउत के जानकारी मिलला के बाद उ ट्वीट कईले। एह ट्वीट में ऊ लिखले बाड़न कि श्री प्रकाश सिंह बादल के निधन से उनुका बहुते दुख बा। भारतीय राजनीति में ऊ एगो ऊँच हस्ती रहलें, आ एगो उल्लेखनीय राज्यकर्मी रहलें। जे हमनी के देश में बहुत योगदान देले बाने। पंजाब के तरक्की खातीर अथक मेहनत कईले आ कठिन समय में राज्य के समर्थन कईले।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]