Hockey : लगातार हार के बाद जीत के संगे विदा लिहल चाही भारतीय पुरुष आ महिला टीम, बेल्जियम से होई सामना

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। एफआईएच प्रो लीग के यूरोप चरण में लगातार छव हार के बाद अगिला साल होखे वाला विश्व कप खातिर भारत के सीधे क्वालिफाई करे के सपना पूरा तरे टूट चुकल बा। लिहाजा भारतीय हॉकी टीम अब बेल्जियम के खिलाफ बाकी दु मैचन में जीत दर्ज कsके प्रतिष्ठा बचावे के कोसिस में होई। भारतीय पुरुष हॉकी टीम सनीचर आ अतवार के दुनिया के तीसरका नंबर के टीम बेल्जियम से आखिरी दु मैच खेली।

अभी ले एगो जीत तक दर्ज नइखे कs पाइल भारतीय पुरुष टीम

एह साल के सुरुआत में भुवनेश्वर चरण में अच्छा प्रदर्शन के बाद भारतीय पुरुष टीम बहुत उम्मीदन के संगे यूरोप गइल रहे, बाकिर अभी ले एको जीत दर्ज नइखे कs सकल। एह पराजयन के बाद टीम तीसरा से आठवां स्थान पs खिसक गइल बिया जबकि कुल नव टीम तालिका में बाड़ी सs। प्रो लीग के विजेता के अगिला साल बेल्जियम आ नीदरलैंड में होखे वाला विश्व कप में सीधे प्रवेश मिली। नीदरलैंड के खिलाफ भारत के 1-2 आ 2-3 से पराजय मिलल जबकि अर्जेंटीना ओकरा के 3-2 आ 2-1 से आउर आस्ट्रेलिया 3-2 आ 3-2 से हरवलस।

एह गलतियन के मिलल सजा

अइसन नइखे कि भारतीय टीम यूरोप में अच्छा प्रदर्शन ना कइलस बाकिर आखिरी क्षण में गोल गंवावे के आदत के ओकरा खामियाजा भुगते के पड़ल बा। आखिरी मिनटन में भारतीय डिफेंस चरमरात नजर आइल आ अधिकांश विजयी गोल आखिर के 13 मिनट में दागल गइल। डिफेंस में कप्तान हरमनप्रीत सिंह कमान बखूबी संभरलें बाकिर अमित रोहिदास आ सुमित जइसन सीनियर खिलाड़ियन से बेहतर प्रदर्शन के उम्मीद रहे। फॉरवर्ड पंक्ति गोल करे के मवका भुना ना सकल। कोच क्रेग फुल्टोन पेनल्टी कॉर्नर तब्दीली दर से खुश ना होइहें।

महिला टीम के खेले के बा बेल्जियम के खिलाफ मुकाबला

भारतीय महिला टीम के लंदन में लगातार चार मैच में पराजय के सामना करे के पड़ल बा। ओकरा के आस्ट्रेलिया 3-2 आ 2-1 से जबकि अर्जेंटीना 4-1 आ 2-0 से हरवलस। मुख्य कोच हरेंद्र सिंह के मार्गदर्शन में हालांकि टीम तेज रफ्तार आक्रामक हॉकी खेललस, बाकिर पेनल्टी कॉर्नर कमजोर रहल। महिला टीम सनीचर आ अतवार के बेल्जियम से खेली तs ओकर नजर यूरोप चरण में पहिला जीत दर्ज करे पs लागल होई। भारतीय महिला टीम एह समय नव टीमन में सातवां स्थान पs बिया। ओकरा बर्लिन में चीन के खिलाफ 28 आ 29 जून के आखिरी दुगो मैच खेले के बा।

Read Also: Neeraj Chopra: नीरज सत्र के पहिला खिताब पs जमवले कब्जा, पेरिस डायमंड लीग में वेबर-एंडरसन के देलें शिकस्त

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-