Asia Cup Hockey : एशिया कप खातिर भारतीय हॉकी टीम के एलान, लाकड़ा आ दिलप्रीत के मिलल जगह; देखी स्क्वॉड

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 20, 2025

स्पोर्ट्स डेस्क। बिहार के राजगीर में होखे वाला एशिया कप खातिर 18 सदस्यीय भारतीय टीम के ऐलान बुध के कइल गइल, जेमे फॉरवर्ड शिलानंद लाकड़ा आ दिलप्रीत सिंह आपन जगह बरकरार रखले बा लो। टूर्नामेंट

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। बिहार के राजगीर में होखे वाला एशिया कप खातिर 18 सदस्यीय भारतीय टीम के ऐलान बुध के कइल गइल, जेमे फॉरवर्ड शिलानंद लाकड़ा आ दिलप्रीत सिंह आपन जगह बरकरार रखले बा लो। टूर्नामेंट 29 अगस्त से सात सितंबर तक खेलल जाई, जवना के विजेता के अगिला साल एफआईएच पुरूष विश्व कप में सीधे प्रवेश मिली जवन 14 से 30 अगस्त तक नीदरलैंड आ बेल्जियम में होखे के बा।

ड्रैग फ्लिकर हरमनप्रीत सिंह टीम के कप्तान बाड़ें। राजिंदर सिंह, लाकड़ा आ दिलप्रीत आस्ट्रेलिया दौरा पs भारतीय टीम के हिस्सा रहे लोग। राजिंदर के शमशेर सिंह के जगह चुनल गइल बा, जबकि लाकड़ा हाले में अंतरराष्ट्रीय हॉकी के अलविदा कहे वाला ललित उपाध्याय के जगह लेले बाड़ें। दिलप्रीत के गुरजंत सिंह पs तरजीह मिलल बा।

स्ट्राइकर ललित उपाध्याय जून में एफआईएच प्रो लीग के यूरोप चरण के बाद अंतरराष्ट्रीय हॉकी से संन्यास ले लेले रहस। भारत के एशिया कप में जापान, चीन आ कजाखस्तान के संगे पूल ए मिलल बा। भारतीय टीम 29 अगस्त के चीन के खिलाफ पहिला मैच खेली। एकरा बाद 31 अगस्त के जापान आ एक सितंबर के कजाखस्तान से खेले के बा।

गोलकीपिंग के दारोमदार कृशन बी पाठक आ सूरज करकेरा पs होई। डिफेंस में हरमनप्रीत आ अमित रोहिदास के संगे जरमनप्रीत सिंह, सुमित, संजय आ जुगराज सिंह रही लोग। मिडफील्ड में मनप्रीत सिंह, विवेक सागर प्रसाद, राजिंदर, राज कुमार पाल आ हार्दिक सिंह होई लोग। फॉरवर्ड पंक्ति में मनदीप सिंह, अभिषेक, सुखजीत सिंह, लाकड़ा आ दिलप्रीत जिम्मा संभारी लोग। नीलम संजीप सेस आ सेल्वम कार्ति के रिजर्व में रखल गइल बा।

टीम चयन के बारे में मुख्य कोच क्रेग फुल्टोन कहलें, ‘हमनी के अनुभवी टीम चुनले बानी सs। विश्व कप क्वालीफिकेशन के देखत एशिया कप हमनी खातिर महत्वपूर्ण बा लिहाजा हमनी के दबाव में अच्छा खेले वाला खिलाड़ी चाहीं।’

भारतीय टीम एह तरे बिया

गोलकीपर: सूरज करकेरा, कृशन बी पाठक
डिफेंडर: हरमनप्रीत सिंह, अमित रोहिदास , जरमनप्रीत सिंह, सुमित, संजय और जुगराज सिंह
मिडफील्ड: मनप्रीत सिंह, विवेक सागर प्रसाद, राजिंदर, राज कुमार पाल और हार्दिक सिंह
फॉरवर्ड: मनदीप सिंह, अभिषेक, सुखजीत सिंह, शिलानंद लाकड़ा और दिलप्रीत सिंह
रिजर्व खिलाड़ी: नीलम संजीप सेस और सेल्वम कार्ति।

Read Also : Bihar SIR : अभी ले राजनीतिक दल ना दर्ज करवलस आपत्ति, 1.98 लाख युवा मतदाता बने खातिर भरल लोग फॉर्म

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.