[the_ad_group id="30365"]

Neeraj Chopra: नीरज सत्र के पहिला खिताब पs जमवले कब्जा, पेरिस डायमंड लीग में वेबर-एंडरसन के देलें शिकस्त

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। दु बेर के ओलंपिक पदक विजेता आ भारतीय भाला फेंक स्टार नीरज चोपड़ा सुक के पेरिस डायमंड लीग में जर्मनी के जूलियन वेबर के पछाड़त दु साल के बाद आपन पहिला डायमंड लीग खिताब जीतलें। एकरा पहिले पेरिस डायमंड लीग में उ दु बेर लगातार दूसरा स्थान पs रहल रहस। नीरज चोपड़ा आपन पहिलके कोसिस में सानदार थ्रो करत 88.16 मीटर दूर भाला फेंक के खिताब अपना नामे कइलें।

उनकर दूसरका कोसिस में 85.10 मीटर के रहल। एकरा बाद अगिला तीन थ्रो फाउल कइलें। ओहिजा, आखिरी प्रयास में नीरज 82.89 मीटर के दूरी तय कइलें। ई पेरिस डायमंड लीग में चोपड़ा के पहिला जीत हs। उ 2017 में बतौर जूनियर वर्ल्ड चैंपियन इहां हिस्सा लेले रहस, तब उ पांचवां स्थान पs रहल रहस।

जूलियन वेबर अपना पहिला कोसिस में सानदार 87.88 मीटर भाला फेंकलें, बाकिर उ दूसरा स्थान पs रहलें। ब्राजील के लुइज मौरिसियो दा सिल्वा तीसरा स्थान पs रहलें, जेकर सर्वश्रेष्ठ कोशिश तीसरका राउंड में 86.62 मीटर रहल।

दोहा डायमंड लीग में वेबर देले रहस चोपड़ा के मात

वेबर16 मई के दोहा डायमंड लीग में चोपड़ा के हरवले रहस, जेमे चोपड़ा 90 मीटर से ऊपर के थ्रो फेंकले रहस। वेबर आखिरी थ्रो 91.06 मीटर के फेंकके पहिला स्थान हासिल कइलें। चोपड़ा 90.23 मीटर के थ्रो के संगे दूसरा स्थान पs रहस। 31 साल के वेबर 23 मई के पोलैंड में जानुज कुसोसिंकी मेमोरियल स्पर्धा में चोपड़ा के हरवले रहस। वेबर ने 86.12 मीटर आ चोपड़ा ने 84.14 मीटर के थ्रो फेंकले रहस। पीटर्स दुनो में तीसरा स्थान पs रहल रहलें।

पेरिस डायमंड लीग के बाद एह लीग में भाग लिहें नीरज

चोपड़ा आ वेबर के अलावा पीटर्स 2022 में 90 मीटर के बाधा पार कs चुकल बाड़ें। कीनिया के 2015 विश्व चैम्पियन जूलियस येगो आ त्रिनिदाद आउर टोबैगो के 2012 ओलंपिक स्वर्ण पदक विजेता केशोर्न वालकॉट 90 मीटर क्लब में सामिल बा लो। उ लोग 2015 में ई कारनामा कइले रहे। एकरा अलावे पेरिस डायमंड लीग में ब्राजील के लुईज मौरिशियो डा सिल्वा , मोलडोवा के एड्रियन मारडारे आ फ्रांस के रेमी रूजेटे भाग लिही लोग। पेरिस डायमंड लीग के बाद चोपड़ा 24 जून से चेक गणराज्य के ओस्ट्रावा में गोल्डन स्पाइक एथलेटिक्स मीट में भाग लिहें। एकरा बाद पांच जुलाई के बेंगलुरू में नीरज चोपड़ा क्लासिक खेलिहें।

Read Also: 21 जून 2025 के राशिफल

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]