[the_ad_group id="30365"]

Sports Update: पहिला हॉकी इंडिया मास्टर्स कप 18 जून से चेन्नई में; इंडियन ओपन सर्फिंग 30 मई से

[the_ad_placement id="above-content"]

Share


स्पाेर्ट्स डेस्क: पूर्व खिलाड़ियन खातिर पहिला हॉकी इंडिया मास्टर्स कप 2025 18 से 27 जून तक चेन्नई में खेलल जाई। हॉकी इंडिया सुक के आयोजन स्थल आ तारीखन के घोषणा कइलस। एह टूर्नामेंट में पुरूष आ महिला खिलाड़ी भाग लिही लोग। हॉकी इंडिया एगो बयान में कहलस कि लीग के नियमन के तहत पुरूष वर्ग में 40 भा ओकरा से जादे उमिर के खिलाड़ी भाग ले सकी लोग, जबकि महिला वर्ग में ई सीमा 35 बरिस बा। दुनो श्रेणियन में टीमन के घोषणा जल्दी कइल जाई। एमे भाग लेवे खातिर खिलाड़ियन के अपना प्रदेश ईकाइयन के लगे पंजीयन करावे के होई।

टूर्नामेंट लीग सह नॉकआउट आधार पs खेलल जाई। भारतीय महिला टीम के पूर्व कप्तान असुंथा लाकड़ा एह बारे में कहली, ‘पहिले हॉकी इंडिया मास्टर्स कप के हिस्सा होखल हमरा खातिर भावनात्मक आ रोमांचक पल बा। हॉकी हमरा के बनवले बा और अब हमरा अपना संगे खेल चुकल खिलाड़ियन के संगे फेर खेले के मवका मिली जवन खास बा।’

सर्फिंग चैंपियनशिप 30 मई से

राष्ट्रीय सर्फिंग चैम्पियनशिप सीरिज के दूसरका चरण इंडियन ओपन सर्फिंग के छठा सत्र 30 मई से एक जून तक खेलल जाई। भारतीय सर्फिंग महासंघ कहलस कि एकर आयोजन सर्फिंग स्वामी फाउंडेशन आ मंत्रा सर्फ क्लब करी। तीन दिवसीय स्पर्धा में भारत के शीर्ष रैंकिंग वाला सर्फर चार वर्ग पुरूष ओपन, महिला ओपन, अंडर 16 लईका आ अंडर 16 लईकियन के वर्ग के मुकाबला होई। भारतीय सर्फिंग महासंघ के अध्यक्ष अरूण वासु कहलें, ‘2024 में हमनी के सर्फर पहिला बेर एशियाई खेलन खातिर क्वालिफाई कs के इतिहास रचले रहे, जवन देस में एह खेल के विकास खातिर मील के पत्थर साबित भइल।’

Read Also: IPL 2025: RCB के खिलाफ प्लेयर ऑफ द मैच बनल किशन के बा एह बात के मलाल; जानीं कमिंस केकरा के बतवलें सीजन के नया खोज

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]