[the_ad_group id="30365"]

अग्निवीर भर्ती : भारतीय सेना अग्निवीर भर्ती रैली के अधिसूचना कइलस जारी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

देश के रक्षा खातिर समर्पित होखे के आकांक्षा राखे वाला उम्मीदवारन खातिर एगो बढ़िया खबर बा. अग्निपथ योजना के तहत अग्निवीर भर्ती रैली खाती भारतीय सेना अधिसूचना जारी कईले बिया। एह अधिसूचना में बहाली रैली खातिर जरुरी सगरी जानकारी दिहल गइल बा. एह बहाली में शामिल होखे खातिर सगरी उम्मीदवारन के अनिवार्य रूप से ऑनलाइन पोर्टल पर रजिस्ट्रेशन करावे के पड़ी. पात्र आ इच्छुक उम्मीदवार भारतीय सेना के आधिकारिक वेबसाइट JOININDIANARMY.NIC.IN पर जा के आवेदन कर सकेलें.

रजिस्ट्रेशन जुलाई से शुरू हो जाई

भारतीय सेना जारी अधिसूचना में सूचित कइले बिया कि अग्निवीर भर्ती रैली खातिर ऑनलाइन रजिस्ट्रेशन के प्रक्रिया जुलाई, 2022 से शुरू हो जाई. ई रैली निम्नलिखित पदन खातिर आयोजित कइल जाई-:

  • अग्निवीर जनरल ड्यूटी
  • अग्निवीर तकनीकी
  • अग्निवीर तकनीकी (विमानन/गोला-बारूद परीक्षक)
  • अग्निवीर क्लर्क/स्टोर कीपर तकनीकी
  • अग्निवीर ट्रेड्समैन 10वीं पास
  • अग्निवीर ट्रेड्समैन 8वीं पास खातिर आयोजित कइल जा रहल बा।

 

तनखाह केतना होई

भारतीय सेना के ओर से जारी अधिसूचना के मुताबिक, अग्निवीर के पद खाती चुनल गईल उम्मीदवार के पहिला साल में 30 हजार, पहिला साल में 30,000, तीसरा साल में 36,500 अवुरी चउथा साल में 40 हजार रुपया के वेतन अवुरी भत्ता दिहल जाई . एकरा संगे-संगे डिस्चार्ज के समय सर्विस फंड भी दिहल जाई।

नियम आ शर्त

अग्निवीर के नामांकन सेना अधिनियम 1950 के तहत 4 साल के सेवा अवधि खाती कईल जाई।
आवेदक के उम्र सीमा 17.5 साल से 23 साल के बीच होखे के चाही।
अग्निवीर के आदेश के मुताबिक जमीन, पानी अवुरी हवा कहीं भी भेजल जा सकता।
नामांकित अग्निवीर कवनो पेंशन भा ग्रेच्युटी के पात्र ना होखीहें.
चार साल के सेवा पूरा कइला पर सगरी अग्निवीर लोग के राहत मिल जाई.
रिटायरमेंट का समय ओह लोग के सर्विस फंड दिहल जाई.

कवन-कवन योग्यता बा जरूरी

  1. जनरल ड्यूटी खातिर उम्मीदवार के दसवाँ पास होखे के चाहीं जवना में कुल मिला के 45% अंक होखे के चाहीं.
  2. अग्निवीर टेक्निकल (Aviation/Ammunition Tester) खातिर फिजिक्स, केमिस्ट्री, मैथ्स आ अंग्रेजी विषय में 50% अंक लेके 12वां पास।
  3. क्लर्क/स्टोरकीपर पद खातिर 60% अंक के साथे 12वां पास। अंग्रेजी आ गणित में 50% अंक के जरूरत बा।
  4. ट्रेडमैन खातिर दसवीं आ आठवाँ पास उम्मीदवारन के अलगा से बहाली कइल जाई. आवेदक के सभ विषय में 33% अंक होखे के चाही।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]