[the_ad_group id="30365"]

पटना राजधानी आ संपूर्ण क्रांति एक्सप्रेस के परिचालन बहाल, रात आठ बजे होई दिल्ली खातिर रवाना

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार में रेलवे के सबसे जादे क्षति

सेना में बहाली खातिर केंद्र सरकार द्वारा ले आवल गइल अग्निपथ स्कीम के पूरा देश में विरोध के देखत एह रेलखंडन पs ट्रेनन के परिचालन रोक दिहल गइल रहे। बिहार में रेलवे के सबसे जादे विरोध के सामना करे के पड़ल बा। एह दौरान कइयन जिलन में उग्र प्रदर्शन भइल बा। कइयन गो ट्रेनन के आग के हवाले कs दिहल गइल। ओहिजा रेलवे स्टेशन आ ट्रैक के उपद्रवियन द्वारा क्षति पहुंचावल गइल।

कइयन गो ट्रेन रद्द कइल गइल

एकर सीधा असर रेलवे के परिचालन पs पड़ल। कइयन गो ट्रेनन के रद्द कs दिहल गइल तs कइयन गो ट्रेनन के मार्ग बदल दिहल गइल। कुछ के रस्ते में टर्मिनेट कs दिहल गइल। एकरा कारणे कइयन गो स्टेशन पs यात्री अभियो फंसल बा लो। एही समस्यन के देखत रेलवे स्पेशल ट्रेन चला रहल बिया, ताकि लोगन के ओह लो के मंजिल तक पहुंचावल जा सके।

पटना राजधानी बहाल

सोमार के रात 8 बजे राजधानी आ संपूर्ण क्रांति एक्सप्रेस पटना से खुली। पटना से दिल्ली जाये वाला यात्रियन के एसे राहत मिली। ओहिजा पूर्व मध्य रेलवे द्वारा रात 8 बजे से भोरे 4 बजे के बीच फंसल ट्रेनन के निकालल जा रहल बा। एही के तहत पूमरे राजधानी आ संपूर्ण क्रांति एक्सप्रेस के फेर से सुरू करे के फसीला लेले बा। सोमार के ई दुनों ट्रेन पटना से रात 8 बजे खुली।

यात्रियन के परेशानी होई कम 

अग्निपथ के लेके भइल उग्र प्रदर्शन के कारण आनंद विहार स्टेशन से बिहार आवे वाला 22 ट्रेनन के रद्द कइल गइल रहे, जवना के कारण कइयन गो यात्री अलग-अलग स्टेशनन पs फंसल बा लो। यात्रियन के भारी परेशानियन के सामना करे के पड़त बा। जवन यात्रियन के दिल्ली जाये के बा, उहो पटना में फंसल बा लो। यात्रियन के एह समस्या के देखत पूर्व मध्य रेलवे आज दु गो ट्रेनन के पटना से चलाई। सोमार के रात आठ बजे ई दुनों ट्रेन दिल्ली खातिर रवाना होई।

साभार: प्रभात खबर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]