आज से जी-20 के अध्यक्षता संभारी भारत, सालभर में 55 जगहन पs 200 बैठकन के होई आयोजन
नई दिल्ली, एएनआइ। भारत बियफे से औपचारिक रूप से एक साल खातिर दुनिया के आर्थिक रूप से संपन्न देशन के समूह जी-20 के अध्यक्षता संभार जी। एह दौरान भारत के लगे अंतरराष्ट्रीय महत्व के मुद्दन पs वैश्विक एजेंडा में जोगदान करे के अनूठा अवसर होई।
प्रधानमंत्री कार्यालय के ओर से जारी बयान के मोताबिक, अंतरराष्ट्रीय आर्थिक सहजोग खातिर जी-20 एगो प्रमुख मंच हs। जवन वैश्विक GDP के 85 प्रतिशत, दुनियाभर के कारोबार के 75 प्रतिशत से बेसी आ विश्व के दु-तिहाई आबादी के प्रतिनिधित्व करेला।
अगिला साल होई जी-20 के शिखर बैठक के आयोजन
जी-20 की अध्यक्षता के दौरान भारत देस के 55 जगहन पs 32 अलग-अलग सेक्टरन में लगभग 200 बैठकन के आयोजन करी। जी-20 के शिखर बैठक के आयोजन अगिला साल होई। जवन भारत के मेजबानी में सर्वोच्च स्तर के बैठकन में से एगो होई। जी-20 के पहिला बैठक दिसंबर के पहिला हफ्ता में उदयपुर में होई। मालूम होखे कि प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी नवंबर महीना के सुरुआत में भारत के अध्यक्षता में जी-20 के लोगो, थीम आ वेबसाइट लांच कइले रहस। एकरा लोगो में कमल के फूल भारत के प्राचीन विरासत, आस्था आ विचारधारा के चिन्हासी हs।
यूनेस्को वर्ल्ड हेरिटेज साइटन सहित केंद्र सरकार द्वारा संरक्षित सौ स्मारकन के कइल जाई रोशन
भारत के जी-20 के अध्यक्षता संभरला के संगही एक हफ्ता खातिर यूनेस्को वर्ल्ड हेरिटेज साइटन सहित केंद्र सरकार द्वारा संरक्षित सौ स्मारकन के रोशन कइल जाई। एह स्मारकन में दिल्ली में हुंमायू के मकबरा आ पुराना किला, गुजरात में मोढेरा सूर्य मंदिर, ओडिशा के सूर्य मंदिर, बिहार में शेरशाह के मकबरा आ राजगीर में नालंदा विश्वविद्यालय के खंडहर आउर प्राचीन संरचना आ स्मारक, बंगाल के राजधानी कोलकाता में मेटकाफ हाल आ मुद्रा भवन, गोवा में बेसिलिका आफ बाम जीसस आ चर्च आफ लेडी आफ रोजरी, कर्नाटक में टीपू सुल्तान के महल आ गोल गुंबज आ मध्य प्रदेश में सांची बौद्ध स्मारक आ ग्वालियर के किला सामिल बा।
जी- 20 लोगो के कइल जाई हाईलाइट
एह दौरान एह स्मारकन पs जी-20 के लोगो के हाईलाइट कइल जाई। एगो अधिकारी बतवलें कि स्मारक पs प्रोजेक्ट कइल जाये वाला लोगो के आकार ओह जगह के प्रकृति आ डिजाइन पs निर्भर होई। भारत में 40 यूनेस्को वर्ल्ड हेरिटेज साइट बाड़ी सs आ अधिकतर सांस्कृतिक साइट आर्कियोलाजिकल सर्वे आफ इंडिया (एएसआइ) के तहत आवेला।
आज से यूएनएससी के अध्यक्षतो के संभारी भारत
भारत बियफे से एक महीना खातिर संयुक्त राष्ट्र सुरक्षा परिषद (यूएनएससी) के अध्यक्षतो के संभालर रहल बा। 15 सदस्यीय परिषद के निर्वाचित सदस्य के रूप में दु बरिस के कार्यकाल के दौरान पिछिला साल अगस्त के बाद भारत दूसरा बेर एह अध्यक्षता के संभारी। अध्यक्षता संभारे से पहिले यूएन में भारत के स्थायी प्रतिनिधि रुचिरा कंबोज सोमार आ मंगर के क्रमश: संयुक्त राष्ट्र महासभा के अध्यक्ष साबा कोरोसी आ संयुक्त राष्ट्र महासचिव एंटोनियो गुटेरस से मुलाकात कइली आ प्राथमिकतन आ कार्यक्रमन पs चरचा कइली। यूएनएससी में भारत के कार्यकाल 31 दिसंबर के समाप्त हो जाई।
Comments are closed.