[the_ad_group id="30365"]

भारत बनाम वेस्टइंडीज के पहिला वनडे क्रिकेट मैच आजु

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारत अउरी वेस्टइंडीज के बीच तीन वनडे मैच के सीरीज के आज यानि  22 जुलाई के त्रिनिदाद के क्वींस पार्क ओवल, पोर्ट ऑफ स्पेन स्टे़डियम में खेले जाए वाला पहिला मुकाबला से होई। तीन मैच के एह सीरीज के अगिला दू मुकाबिला एही मैदान पर 22 अउरी 27 जुलाई के खेलल जाए कि बा। इंग्लैंड के वनडे सीरीज में 2-1 से मात देहले के बाद टीम इंडिया के नजर विंडीज के मात देवे के होई।
भारत पिछले 15 साल से वेस्टइंडीज में कौनो सीरीज नाइ हारल बा, अइसन में टीम इंडिया के नजर विजय अभियान के जारी रखले पर होई। हालांकि सीरीज शुरू होखे से पहिले टीम इंडिया खातिर कई चुनौती सामने आ चुकल बा। खराब मौसम के वजह से खिलाड़ियन के बंद दरवाजन में प्रैक्टिस करे के पड़ी। उहें सीरीज शुरू होखले से पहले उप-कप्तान रविंद्र जडेजा चोटिल हो गइलें। जडेजा के चोट केतना गंभीर बा एकर कौनो जानकारी नाइ बा। धवन मैच से एक दिन पहिले बतवनें कि जडेजा निगल इंजरी से परेशान बानें।

 

 दूनो टीम के संभावित प्लेइंग 11

भारतीय टीम

शिखर धवन (कप्तान), ईशान किशन (विकेटकीपर), दीपक हुड्डा, श्रेयस अय्यर, सूर्यकुमार यादव, संजू सैमसन, रवींद्र जडेजा/अक्षर पटेल, आवेश खान, युजवेंद्र चहल, प्रसिद्ध कृष्णा, अर्शदीप सिंह।

वेस्टइंडीज टीम

शाई होप, ब्रैंडन किंग, शमराह ब्रूक्स, निकोलस पूरन (कप्तान और विकेटकीपर), रोवमैन पॉवेल, काइल मेयर्स, जेसन होल्डर, कीमो पॉल, अकील होसेन, गुडाकेश मोती, अल्जारी जोसेफ।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]