[the_ad_group id="30365"]

अक्षर पटेल के धमाकेदार अर्धशतक से रोमाचंक मुकाबला में भारत वेस्टइंडीज के 2 विकेट से हरवलस: 2-0 से सीरीज जीतके विश्व रिकॉर्ड अपना नावे कइलस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

टीम इंडिया दूसरका वनडे मुकाबला में वेस्टइंडीज के दु विकेट से हरा देलस। एह जीत के संगही भारत तीन मैचन  के सीरिज में 2-0 के अजेय बढ़त हासिल कs लेलस। ई वनडे क्रिकेट में भारत के वेस्टइंडीज पs लगातार 12वां सीरीज जीत हs। एकरा साथे भारत कवनो टीम के लागातर सबसे बेसी सीरीज में हरावे के विश्व रिकॉर्ड अपना नामे कs लेले बा। पिछिला रिकॉर्ड पाकिस्तान के नामे रहे। पाकिस्तान टीम जिम्बाब्वे के लगातार 11 वनडे सीरीज में हरवले बिया।

टॉस जीत के पहिले बल्लेबाजी करत कैरिबियाई टीम 50 ओवर में 6 विकेट खो के 311 रन बनवलस। करियर के 100 वां वनडे खेल रहल शाई होप 115 रन के पारी खेलले। कप्तान निकोलस पूरन 74 रन बनवले। भारत कावर से शार्दूल ठाकुर के सबसे बेसी तीन विकेट लेले। जबाब में टीम इंडिया 49.4 ओवर में 8 विकेट के नुकसान पs लक्ष्य हासिल कs लेलस। भारत कावर से श्रेयस अय्यर 63 रन बनवले। ओहिजा, संजू सैमसन 54 रन बनवले। भारत के छक्का लगा के जीत दियावे वाला अक्षर पटेल 64 रन के नाबाद तूफानी पारी खेलले।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]