Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

IND vs ENG 3rd ODI: ऋषभ पंत के मैच विनिंग शतक, भारत वर्ल्ड चैंपियन इंग्लैंड के कइलस धराशायी, 2-1 से जीतलस सीरीज

भारत तीसरा आ आखिरी वनडे में इंग्लैंड के 5 विकेट से हराके तीन मैचन के वनडे सीरीज जीत लेले बा। भारत खातिर ऋषभ पंत नाबाद 125 रन के मैच विनिंग शतकीय पारी खेलले। हार्दिक पांडया 71 रन बनवले।

1,781

क्रिकेट के अनिश्चितता के खेल काहे कहल जाला, एकर जबाब जवाब भारत आ इंग्लैंड के बीचे अतवार के मैनचेस्टर में खेलल गइल तीसरा आ निर्णायक वनडे मुकाबला में देखे के मिलल। भारत एह मुकाबला में इंग्लैंड से मिलल 260 रन के लक्ष्य के पीछा करत एक बेरा 72 रन तक आपन चार विकेट गंवा देले रहे। बाकिर एकरा बाद हार्दिक पांड्या (71) आ ऋषभ पंत (नाबाद 125) पांचवां विकेट खातिर 133 रन के साझेदारी कs के भारत के रोमांचक जीत के संगे 2-1 से सीरीजो जीतवा दिहल लो। इंग्लैंड टॉस हारके पहिले बल्लेबाजी करत 45.5 ओवर में 259 रन के स्कोर बनवलस,​ जवना के  भारत सुरुआती झटकन से उबरत 42.1 ओवर में 5 विकेट खोके लक्ष्य हासिल कs लेलस।

इंग्लैंड से मिलल 260 रनन के लक्ष्य पीछा करे उतरल भारतीय टीम 72 रन तक शिखर धवन (1), कप्तान रोहित शर्मा (17), विराट कोहली (17) आ सूर्यकुमार यादव (16) के विकेट गंवा देलस। हालांकि ओकरा बाद पांड्या आ पंत संभल के खेलत आपन-आपन अर्धशतक पूरा कइल लो आ पांचवां विकेट खातिर 115 गेना पs 133 रन के साझेदारी कs दिहल लो। हार्दिक अपना वनडे करियर के आठवां जबकि पंत पहिला शतक जड़ले। हार्दिक गेंदबाजियो में चार विकेट चटकवले रहस। एकरा संगही ऊ पहिला अइसन भारतीय खिलाड़ी बन गइल बाड़े, जे सब फॉर्मेट में चार विकेट लेला के अलावे अर्धशतको बनवले बाड़े।

हार्दिक टीम के 205 के स्कोर पs पांचवां बल्लेबाज के रूप में आउट भइले। ऊ 55 गेना पs 10 चौका के बदौलत 71 रन के पारी खेलले। उनका आउट होखला के बाद पंत रवींद्र जडेजा (नाबाद 7) के साथे छठा विकेट खातिर 56 रन जोड़के भारत के 5 विकेट से जीत आ सीरीजो दिवा देले। पंत अपना करियर के पहिला शतक जड़ले। एकरा पहिले, उनका 18 के निजी स्कोर पs विकेटकीपर जोस बटलर के हाथन से जीवनदान मिलल रहे। पंत 106 गेना पs 10 चौका आ दु छक्का के मदद से आपन सेंचुरी पूरा कइले। पंत वनडे में शतक लगावे वाला चउथा भारतीय विकेटकीपर बल्लेबाज बन गइल बाड़े। ऊ मैच  में 113 गेना पs 16 चौका आ दु गो छक्का के ल मदद से 125 रन के नाबाद शतकीय पारी खेलले।

एकरा पहिले, इंग्लैंड सुरुआती झटकन से उबरत 45.5 ओवर में 259 रन के स्कोर बनवलस। मेजबान टीम खातिर कप्तान जोस बटलर सर्वाधिक 60, जेसन रॉय 41, मोईन अली 34, क्रैग ओवर्टन 32 आ बेन स्टोक्स आउर लियाम लिविंगस्टोन 27-27 रन बनावल लो। भारत कावर से हार्दिक सर्वाधिक चार विकेट चटकवले। उनका अलावे युजवेंद्र चहल तीन आ मोहम्मद सिराज दुगो जबकि रवींद्र जडेजा एक विकेट अपना नामे कइले।

295840cookie-checkIND vs ENG 3rd ODI: ऋषभ पंत के मैच विनिंग शतक, भारत वर्ल्ड चैंपियन इंग्लैंड के कइलस धराशायी, 2-1 से जीतलस सीरीज

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.