[the_ad_group id="30365"]

आईसीसी वनडे रैंकिंग : भारत पाकिस्तान के पीछे छोड़ दिहलस, आईसीसी वनडे रैंकिंग में तीसरा स्थान पर बा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

टीम इंडिया इंग्लैंड का खिलाफ वनडे सीरीज के पहिला मैच में दस विकेट से शानदार जीत का साथे आईसीसी के ताजा रैंकिंग में तिसरका जगहा पर आ गइल बा. एकरा संगे भारत पाकिस्तान के पीछे छोड़ देले बा। अब पाकिस्तान के टीम फिसल के चउथा जगहा पर आ गइल बिया. भारत के रेटिंग अंक 108 बा जबकि पाकिस्तान के रेटिंग अंक 106 बा.

इंग्लैंड का खिलाफ एकदिना सीरीज शुरू होखे से पहिले भारत का लगे 105 रेटिंग अंक रहुवे आ टीम इंडिया पाकिस्तान का पीछे चउथा जगहा पर रहुवे बाकिर द ओवल में दस गो विकेट से बड़हन जीत का बाद भारत के तीन अंक आ अब ओकर पास 108 अंक मिल गइल. न्यूजीलैंड के 126 रेटिंग अंक वाला टीम पहिला जगहा पर बनल बा आ इंग्लैंड के टीम 122 रेटिंग अंक ले के दुसरका जगहा पर बनल बा.

पाकिस्तान से भारत के बदला पूरा हो गइल बा

पिछला महीना पाकिस्तान वेस्टइंडीज का खिलाफ घरेलू सीरीज में धमाकेदार जीत का साथे जीतले रहुवे आ भारत के पीछे छोड़ के तीसरा जगहा पर आ गइल रहुवे. आस्ट्रेलिया के टीम श्रीलंका का खिलाफ एकदिना सीरीज हार गइल. एकरा से पाकिस्तानो के फायदा भइल बाकिर ई टीम तीसरा जगहा पर ढेर दिन ले ना रह पवलसि आ अब भारत ओकरा के छोड़ के चल गइल बा. भारत का लगे पाकिस्तान पर बढ़त अउरी बढ़ावे के मौका बा. टीम इंडिया के दू गो एकदिना मैच इंग्लैंड का खिलाफ खेले के पड़ी. एकरा बाद वेस्टइंडीज में भी तीन मैच के वनडे सीरीज खेले के बा।

इंग्लैंड का खिलाफ बाकी दू गो एकदिना हारला का बाद भारत फेर से चउथा जगहा पर आ सकेला आ पाकिस्तान के टीम तिसरका जगहा आ सकेला. पाकिस्तान के अगिला महीना नीदरलैंड का खिलाफ एकदिना खेले के पड़ी. इहाँ पाकिस्तान के जीत लगभग तय बा। एह सीरीज में बाबर आजम के नेतृत्व वाली टीम पाँच दिन में तीन गो मैच खेली.

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]