[the_ad_group id="30365"]

BCCI के बॉस सौरव गांगुली विराट कोहली के लेके देले बयान, बोलले- उनका आपन रास्ता खुद खोजे के बा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

टीम इंडिया के स्टार बल्लेबाज विराट कोहली खराब दौर से गुजर रहल बाड़े आ कमर के चोट पूर्व कप्तान खातिर मुश्किलन के आउर बढ़ा देले बा। 33 साल के बल्लेबाज विराट कोहली के बैट से आखिरी अंतरराष्ट्रीय शतक 2019 में आइल रहे। इंग्लैंड के खिलाफ टेस्ट आ टी-20 सीरीज में उनकर निराशाजनक प्रदर्शन जारी रहल, काहेकि ऊ एजबेस्टन टेस्ट में खाली 11 आ 20 रन बना सकले आ टी-20 में अपना दु पारियन में खाली 12 रन बना सकले।

सब विफलतन के बावजूद भारतीय क्रिकेट कंट्रोल बोर्ड माने बीसीसीआई अध्यक्ष सौरव गांगुली उनकर सपोर्ट कइलें। सौरव गांगुली एएनआई से बात करत कहले, “एमे कवनो शक नइखे कि अंतरराष्ट्रीय क्रिकेट में उनका जवन नंबर मिलल बा, उ क्षमता आ गुणवत्ता के बिना नइखें आइल।  हs, उनका खातिर कठिन समय रहल बा आ ऊ एह बात के जानत बाड़े। ऊ खुद एगो महान खिलाड़ी रहल बाड़े। ऊ खुद जानत बाड़े कि उनका आपन खुद के मानक से ई अच्छा नइखे रहल।”

गांगुली आगे कहले, “हम उनका के वापस आके निमन  प्रदर्शन करत देख रहल बानी, बाकिर उनका आपन रस्ता खोजे के बा आआ सफल होखे के बा, जवन ऊ पिछला वह 12-13 साल भा ओकरो से बेसी समय से कर रहल बाड़े आ खाली विराट कोहलीये अइसन कर सकत बाड़े।” विराट कोहली के अपना खराब प्रदर्शन खातिर जमकर आलोचना झेले के पड़ रहल बा। पूर्व कप्तान कपिल देव तs इहां तक कह देले कि विराट कोहली के टी20 टीम से बाहर कs देवे के चाहीं।

एही के लेके दादा कहले, “खेल में ई चीज होंई। ई सबका साथे भइल बा। ई सचिन(तेंदुलकर) के साथे भइल बा, ई राहुल (द्रविड़) के साथे भइल बा, ई हमरा साथे भइल बा, ई कोहली के साथे भइल बा। ई भविष्य के खिलाड़ियन के साथे होखे वाला बा। ई खेल के हिस्सा हs आ हमरा लागत बा कि एगो खिलाड़ी के रूप में उनका बस सुनला के जरूरत बा, जागरूक रहस कि ई का हs आ बस जास आ आपन खेल खेलस।”

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]