[the_ad_group id="30365"]

IND vs ENG: इंग्लैंड के खिलाफ छव विकेट लेके जसप्रीत बुमराह बनवले ढेरे रिकॉर्ड, नेहरा-कुलदीप के पीछे छोड़ले

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारत आ इंग्लैंड के बीचे वनडे सीरीज के पहिला मैच में जसप्रीत बुमराह कमाल के प्रदर्शन कइलें। ऊ 19 रन देके छव विकेट अपना नामे कइलें आ एक साथे कइयन गो रिकॉर्ड बना देले। बुमराह इंग्लैंड में कवनो वनडे मैच में सर्वश्रेष्ठ गेंदबाजी करे वाला भारतीय खिलाड़ी बन गइल बाड़े। ऊ एह मामला में आशीष नेहरा को पीछे छोड़ले बाड़े। ओइसे, जसप्रीत स्टुअर्ट बिन्नी के रिकॉर्ड ना तुर सकले, जे बांग्लादेश के खिलाफ चार रन देके छव विकेट लेले रहस। एकरा बावजूद ऊ कइयन गो रिकॉर्ड अपना नामे कइले बाड़े। इहां हमनी के उनकर सब रिकॉर्ड का बारे में बता रहल बानी, जवन ऊ एह मैच में हासिल कइलें बाड़े।

एह मैच में भारतीय तेज गेंदबाजन के सब 10 विकेट मिलल। वनडे क्रिकेट के इतिहास में ई पहिला मौका रहे, जब पहिले गेंदबाजी करत सब 10 विकेट भारतीय तेज गेंदबाज लेले बा लो। ओबीज, 1983 विश्व कप फाइनल के बाद ई पहिला मौका रहे, जब इंग्लैंड के धरती पs कवनो वनडे मैच में सब 10 विकेट भारत के तेज गेंदबाजन के नाम रहल।

भारत खातिर वनडे में तीसरा सर्वश्रेष्ठ प्रदर्शन

जसप्रीत बुमराह एह मैच में वनडे क्रिकेट में भारत के खातिर गेंदबाजी में तीसरा सर्वश्रेष्ठ प्रदर्शन कइलें। उनका से पहिले स्टुअर्ट बिन्नी बांग्लादेश के खिलाफ 4 रन देके छह विकेट आ अनिल कुंबले 12 रन देके छव विकेट ले चुकल बाड़े। ओहिजा, बुमराह  19 रन देके छव विकेट लेले। बुमराह आशीष नेहरा आ कुलदीप यादव के पीछे छोड़ले आ इंग्लैंड में सर्वश्रेष्ठ प्रदर्शन करे वाला भारतीय गेंदबाज बनले। नेहरा इंग्लैंडे के खिलाफ 23 रन देके छव विकेट लेले रहस।
कुलदीप 25 रन देके छव विकेट झटकले रहस।
वनडे में भारत खातिर सर्वश्रेष्ठ प्रदर्शन
गेंदबाज प्रदर्शन विपक्षी टीम
स्टुअर्ट बिन्नी 6/4 बांग्लादेश
अनिल कुंबले 6/12 वेस्टइंडीज
जसप्रीत बुमराह 6/19 इंग्लैंड
आशीष नेहरा 6/23 इंग्लैंड
कुलदीप यादव 6/25 इंग्लैंड

वनडे में छउआ बेर सब 10 विकेट भारतीय तेज गेंदबाजन के नाम

वनडे क्रिकेट के इतिहास में ई छउआ मौका रहे, जब सब 10 विकेट भारत के तेज गेंदबाज लिहल लो। एकरा पहिले 2014 में बांग्लादेश के खिलाफ मीरपुर के मैदान पs अइसन भइल रहे। ओहिजा, पहिला बेर 1983 में ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ भारतीय तेज गेंदबाजों ई कारनामा कइलें रहे लो।

वनडे में छव बेर भारतीय तेज गेंदबाज लेले बा लो 10 विकेट 
विपक्षी टीम मैदान साल
ऑस्ट्रेलिया चेल्मसफोर्ड 1983
वेस्टइंडीज लॉर्ड्स 1983
पाकिस्तान टोरंटो 1997
श्रीलंका जोहानिसबर्ग 2003
बांग्लादेश मीरपुर 2014
इंग्लैंड द ओवल 2022

वनडे में इंग्लैंड में चउथा सबसे बेहतरीन प्रदर्शन

वनडे में इंग्लैंड के धरती पs कवनो मैच में सबसे निमन गेंदबाजी करे के ममिला में जसप्रीत बुमराह चउथा नंबर पs बाड़े। एह ममिला में पाकिस्तान के वकार यूनिस पहिला नंबर पs बाड़े, ऊ 2001 में 36 रन देके सात विकेट लेले रहस। ओहिजा, विन्सटन डेविस 51 रन देके सात विकेट आ गैरी गिलमर 14 रन देके छव विकेट लेले रहस।

इंग्लैंड में वनडे में सर्वश्रेष्ठ प्रदर्शन
गेंदबाज प्रदर्शन विपक्षी टीम मैदान साल
वकार यूनिस (पाकिस्तान) 36/7 इंग्लैंड लीड्स 2001
विन्सटन डेविस (वेस्टइंडीज) 51/7 ऑस्ट्रेलिया लीड्स 1983
गेरी गिलमॉर (ऑस्ट्रेलिया) 14/6 इंग्लैंड लीड्स 1975
जसप्रीत बुमराह (भारत) 19/6 इंग्लैंड द ओवल 2022
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]