[the_ad_group id="30365"]

WTC फाइनल: लगातार दूसरा बेर टेस्ट चैंपियनशिप फाइनल खेली भारत, कुल छह टीम बा रेस में

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

विश्व टेस्ट चैंपियनशिप 2023 के फाइनल मुकाबला जून के महीना में होखे के बा। एह आईसीसी टूर्नामेंट के फाइनल लगातार दूसरा बेर इंग्लैंड में हो रहल बा। विश्व टेस्ट चैंपियनशिप के अंक तालिका में शुरुआती दो स्थान पर रहे वाली टीम जून के महीना में ओवल के मैदान पर भिड़ी। हालांकि, फाइनल मैच से लगभग तीन महीना पहिले मार्च में ही ई तय हो जाई कि खिताबी जंग कौने दू टीम के बीच होखे के बा।
दुनियाभर के कुल 12 टीमन के पास आईसीसी के तरफ से टेस्ट क्रिकेट खेले के मान्यता बा अउर ई सब टीम विश्व टेस्ट चैंपियनशिप के फाइनल में पहुंच सकतनें सब। हालांकि, आयरलैंड अउर अफगानिस्तान के 2018 में ही टेस्ट खेले के अनुमति मिलल बा अउर ई दूनों देश पर्याप्त मात्रा में टेस्ट क्रिकेट नाइ खेलेने सब। एही वजह से ई दूनों टीम टेस्ट चैंपियनशिप के अंक तालिका के भी हिस्सा नइखे। कुल 10 टीम आईसीसी विश्व टेस्ट चैंपियनशिप के हिस्सा बा अउर एहमें से चार टीम अब ले फाइनल के रेस से बाहर हो चुकल बानें सब।
कुल छह टीम अभिनो फाइनल के रेस में बनल बानें सब। लेकिन ऑस्ट्रेलिया अउर भारत के फाइनल खेलल लगभग तय हो चुकल बा। अब कौनो बड़ उलटफेर होखलही पर ही ऑस्ट्रेलिया या भारत के टीम फाइनल से बाहर होई।
टीम मैच जीत हार ड्रॉ अंक अंक %
ऑस्ट्रेलिया 15 10 1 4 136 75.56
भारत 14 8 4 2 99 58.93
श्रीलंका 10 5 4 1 64 53.33
दक्षिण अफ्रीका 13 6 6 1 76 48.72
इंग्लैंड 22 10 8 4 124 46.97
वेस्ट इंडीज 11 4 5 2 54 40.91
पाकिस्तान 14 4 6 4 64 38.10
न्यूजीलैंड 11 2 6 3 36 27.27
बांग्लादेश 12 1 10 1 16 11.11
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]